pub-4188398704664586

भोजपुरिया परदा पर प्रकाश जैस क शानदार बोलबाला

by | Jun 4, 2012 | 0 comments

भोजपुरिया परदा पर एक बेर फेर से दमदार स्टार प्रकाश जैस के बोलबाला हो गइल बा. हर महीना एगो, माने कि एह साल में उनुकर बारह गो फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. प्रकाश जैस अभिनीत ‘देवरा पे मनवा डोले’ अबहीं बिहार में सफलता क रिकार्ड बनावत बिया, फेर आई ‘कलुआ भईल सयान’, ओकरे बाद ‘हीरो’, ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, ‘चिंगारी’, ‘हवा में उड़ता जाए मेरा लाल दुपट्टा मलमल का’ वगैरह सब में प्रकाश जैस के दमदार भूमिका देखे क मिली. एकरे अलावे ‘रिक्शावाला आई लव यू’, आ कुछ अउर भोजपुरी फिलिमन में आ कुछ हि्नदीओ फिलिम में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करइहें प्रकाश जैस. प्रकाश जैस हिन्दी में राम गोपाल वर्मा क फिल्म ‘मैं माधुरी दीक्षित बनना चाहती हूं’, ‘जेम्स’ आ प्रकाश झा क फिल्म ‘अपहरण’ के अलावा ‘ब्लैक फ्राइडे’, ‘मातृभूमि’ अउर ‘रामजी लंदन वाले’ फिल्म से आपन खास पहिचान बनवलन.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586