भोजपुरिया वीरप्पन के नाम से चर्चित विकास सिंह पिछला दिने सिवान में एगो निजी कंपनी रेडियो सनेही के तरफ से आयोजित संगीतमय शो ‘सुरों के योद्धा’ के जज सिवाने के रहेवाला विकास सिंह के बनावल गइल रहे. साथ में निर्णायक मंडल में रहली जानल मानल गायिका देवी, अजीत आनंद अउर दीप श्रेष्ठ.

रेडियो सनेही क ओर से ‘सुरों के योद्धा’ कार्यक्रम में सिवान के गांव-गांव से प्रतिभा खोजल जाला आ उनुका के तराश के मंच दिहल जाला. एह शो के जज बनला पर विकास सिंह के सम्मानो कइल गइल. विकास सिंह भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के निजी सचिव हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

Scroll Up