सिनेमा भोजपुरी के सबले बड़का सुपरस्टार हउवें दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ जे पिछला छह साल से लगातार हिट फिलिम देत आवत बाड़ें. ‘निरहुआ रिक्शावाला, निरहुआ चलल ससुराल, दीवाना, दाग, प्रतिज्ञा, सात सहेलियाँ’ जइसन ब्लॉक बस्टर फिलिम दे चुकल निरहुआ के एहू साल ‘खून पसीना’, ‘एक बिहारी सौ पे भारी’, ‘रिक्शावाला आई लव यू’, ‘एक दूजे के लिए’, जइसन फिलम बॉक्स ऑफिस पर सुपरहिट रहल बाड़ी स. ‘बिदेसिया’, ‘गंगादेवी’ जइसन फिलिमन में निरहुआ के सराहल गइल बा. पेश बा एहिजा निरहुआ से भइल बातचीत के कुछ अंश –
दिनेश जी हाल ही में आप विवादस्पद रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ से बाहर अइनी, कइसन अनुभव रहल ?
बिग बॉस के घरो भगवान के दुनिया जस छोटहन दुनिया ह जवना में सगरी चुनौती आ हालात सोझा आवेला. कुछ त खुद बिग बॉस खड़ा कर देलें. जवन आदमी जिनिगी के कठिनाई झेलत सुखी रह सकेला ऊ बिगो बॉस क घर में अपना के सहज आ आनंदित राख सकेला. हमरा हर हालमें जिए आवेला से हम बिग बॉस में बहुते आराम से रहनी. हमरा केहू के बेवहार से कवनो दुख ना भइल.
दुर्गा पूजा पर रिलीज आपके दू गो फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ आ ‘एक दूजे के लिए’ बॉक्स ऑफिस पर बहुते बढिया बिजनेस कइली स, का कहब ?
एकसंगे दू गो फिलिम रिलीज होखे आ दुनु बॉक्स ऑफिस परहिट हो जाव त एहले बड़हन खुशी अउर का होखी. हम बहुते खुश बानी.
सुननी ह कि आप पवन कुमार के फिलिम करत बानी ?
जी ठीक सुननी. हाल ही में हम पवन कुमार जी के फिलिम ‘बीवी नं. 1’ के शूटिंग पूरा कइनी ह. ‘अभिमान’ आ ‘शेरनी’ जइसन चर्चित फिलिमन के निर्माता पवन कुमार के एह फिलिम के निर्देशक हउवें अजीत श्रीवास्तव आ एह कॉमेडी एक्शन फिल्म में हॉटगर्ल मोनालिसा हमरा साथे बाड़ी. एह फिलिमके खासियत एकर धमाकेदार गीत-संगीत बा.
निर्माता आलोक कुमार के ‘दूध का कर्ज’ क बारे में बताईं ?
आलोक कुमार के ‘दूध का कर्ज’ में हम आ खेसारीलाल पहिला बेर साथे आवत बानी. निर्देशित करत बाड़न प्रेमांशु सिंह. ई एगो समहर व्यावसायिक मनोरंजक फिलिम ह जवना में हमार एगो नया अंदाज देखे क मिली. एकर कहानी एगो महतारी आ ओकर दू गो बेटन का इर्द-गिर्द बुनल गइल बा, एहमें हमार नायिका बाड़ी स्मृति सिन्हा आ फिलिम अगिला साल रिलीज होई.
सुने में आवत बा कि मुंबई के दू गो वितरक राजेश आ पप्पू आपके ले के हिन्दी फिल्म ‘वर्दीवाला गुण्डा’ बनवले बाड़न ?
जी हँ. राजेश -पप्पू भोजपुरी परिवेश से सजल हिन्दी फिल्म ‘वर्दीवाला गुण्डा’ बनवले बाड़न आ एकर निर्देशन ‘विजय पथ’ आ ‘जिगर’ जइसन फिलिमन के निर्देशक रहल अहमद फारूग सिद्दिकी कइले बाड़न. एह फिलिम में हम राम लोटन पांडे नाम के युवक बनल बाड़ी. एह फिलिम में हमार बोलल डायलॉग अस्सी नब्बे के दशक वाला फिलिमन के याद दिअइहें. इहो फिलिम अगिले साल रिलीज होई.
दिनेश जी अपना फिल्म निर्माण कंपनीओ का बारे में कुछ ?
एह साल हमार कंपनी तीन गो फिलिम, ‘खून पसीना’, ‘हीरो’, आ ‘रिक्शावाला आई लव यू’. पेश कइलसि आ तीनो के दर्शक सरहलें. अबही ‘टाईगर’ क निर्माण होखत बा जवमा में हमार छोटका भाई प्रवेशलाल के टाईटल भूमिका बा.
‘‘गंगादेवी’’ में सदी के महानायक अमितजी संगे काम करके कइसन लागल ?
अदभुत! अमितजी संगे काम कर के हम धन्य हो गइनी आ हमार सपना पूरा हो गइल. एह ला हम दीपक दादा के दिल से आभारी हईं. अमितजी हमरा ला भगवान हईं आ उनुका साथे काम कर के हमरा बहुत कुछ सीखे के मौका मिलल. आ हमरा ला सबले बड़हन खुशी के बात बा कि अमितजी के साथ आइल हमार फिलिम बॉक्सो ऑफिस पर हिट साबित भइल.
असलम शेख के ‘रखवाला’ क बारे में ?
असलम शेख के ‘रखवाला’ में हम एगो देशभक्त पुलिस ऑफिसर बनल बानी आ एकदम नया एक्शन स्टंट कइले बानी. हमार नायिका बाड़ी रिंकू घोष. एहमें हमार डबल रोलो एकर आकर्षण बा. निर्माता बंटी भाई आ रितु शर्मा के एह फिलिम के शानदार एक्शन आ गीत-संगीत सफलता दिलवा दी.
आप भोजपुरी के सीसीएल टीम में बानी ?
जी हम भोजपुरी के सीसीएल टीम के उपकप्तान हईं आ लगातार प्रैक्टिस सेशन में हिस्सा लेत बानी.
आपके अउर कवन-कवन फिलिम फ्लोर पर बाड़ी स ?
हमार छह गो फिलिम, ‘रखवाला’, ‘गंगा जमुना सरस्वती’, ‘दूध का कर्ज’, ‘बीवी नं. 1’, ‘इज्जत’ आ ‘वदीवाला गुण्डा’ प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी स. एकरे अलावा अभय सिन्हा के ‘दुल्हेराजा‘ आ डॉ. सुनीलो के फिलिम अगिला साल फ्लोर पर जाई.
(प्रशांत निशांत)