CaptainManojTiwari
एही दिने एगो अलग मैच में बंगाल टाईगर आ केरला स्ट्राईकर के भिड़न्त

सेलिब्रिटी क्रिकेट लीग के सीजन चार में भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम भोजपुरी दबंग के अगिला टक्कर १६ फरवरी का दिने राँची का जेएससीए स्टेडियम में चेन्नई राइनोज से होखे वाला बा.

अबले तीन मैच में भोजपुरी दबंग दू गो मैच जीतले बा आ एगो हारल बा.

16 फरवरी के होखे वाल मैच के टिकट बेचे ला राँची में बारह जगह काउन्टर खोलल गइल बा. एह जगहन में पलाश रेस्तरां, गैलेक्सिया मॉल, नोरा फोटो लैब, स्पाइकर, एक्वा वर्ल्ड (मछली घर), बिग शॉप, फिरायालाल, काश्मीर वस्त्रालय, रांची क्लब, सत्यापॉल, मैपल वुड, लुईस फिलिप वगैरह शामिल बाड़े. जेएससीए स्टेडियम के काउंटरो से टिकट खरीदल जा सकेला आ मन करे त ऑनलाइन टिकट kyazoonga.com पर खरीदल जा सकेला. टिकट के दाम 100रू, 300रू आ 600 रू राखल गइल बा.

दुपहरिया तीन बजे से होखे वाला मैच में बंगाल टाइगर आ केरला स्ट्राइकर खेली. जबकि भोजपुरी दबंग आ चेन्नई राइनोज के मैच साँझ सात बजे से शुरू होखी. एह मैचन के सीधा प्रसारण कलर्स, रिश्ते, आ बिग मैजिक बिहार/झारखंड पर कइल जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: