भोजपुरी फिल्म समाचार एक नजर में ९ जुलाई

by | Jul 9, 2011 | 0 comments

कुछ खास खबर

  • पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन फिल्म प्रचार आ कम्यूनिकेशन से जुड़ल कंपनी स्पेश कम्यूनिकेशन के कार्यालय के उद्घाटन कइलन. एह कंपनी के स्थापना बरीसन से फिल्म प्रचार से जुड़ल उदय भगत आ संजय सिंह एगो भवन निर्माता मुकेश माहेशवरी से मिल के कइले बाड़न. उदय भगत के कहना बा कि स्पेश कम्यूनिकेशन फिल्मन के प्रचार के पूरा रुपरेखा तइयार करी आ दर्शकन में फिल्म के प्रति आकर्षण पैदा करावे के काम करी. एह मौका पर फिल्म जगत से जुड़ल बहुते गणमान्य लोग मौजूद रहे. अँजोरिया वेबसाइट परिवारो एह उद्यम के सफलता के शुभकामना देत बा.
  • खलनायक संजय पाण्डेय पिछला दिने देवरिया जिला के भटनी खास नोनापार गाँव में एगो महिला महाविद्यालय के शिलान्यास कइले. भोजपुरी सिनेमा के ई पहिला खलनायक बाड़े जिनका से कवनो महाविद्यालय के शिलान्यास करावल गइल. सिनेमा के परदा पर खलनायक के किरदार निभावे वाला संजय पाण्डेय निजी जिंदगी में बहुते सभ्य नागरिक हउवन. शिलान्यास का मौका पर देवरिया के बहुते गणमान्य लोग मौजूद रहल.
    संजय पाण्डे एहू साल एक पर एक हिट फिल्म दिहले बाड़न जवना में दिलजले, होत बा जवानी जियान ए राजा जी, दुश्मनी, आ नाग नगीना शामिल बाड़ी सँ. संजय पाण्डेय के खलनायकी वाली कवनो फिल्म अपना निर्माता के घाटा ना देव. दोसर ऊ अपना हर फिल्म में आपन स्टाइल बदलत रहेले. बताशा चाचा में संजय पाण्डे के लुक सभके चउँका दिहले रहल आ अब फेर लोग उनुका के यादव पान भण्डार आ बजरंग में बिल्कुले अलग रूप में देखे वाला बा.
  • अंधा कानून में सीमा सिंह के नचावे के काम मशहूर नृत्य निर्देशक गणेश आचार्य करे जा रहल बाड़न. सीमा सिंह एहबात के आपन सौभाग्य मानत बाड़ी कि गणेश आचार्य का निर्देशन में नाचे के मौका मिले जा रहल बा. गणेश आचार्य माधुरी दीक्षित, एश्वर्या राय, करीना कपूर वगैरह के नचा चुकल बाड़े. एह फिल्म में सीमा सिंह के दू गो आयटम डांस बा. एगो के कोरियोग्राफी गणेश आचार्य करीहे आ दोसरका के पप्पू खन्ना. पप्पू खन्ना के निर्दशन वाला डांस शूट हो चुकल बा. सीमा सिंह आजु भोजपुरी सिनेमा के चहेती डांसर बन गइल बाड़ी आ निर्माता अपना फिल्म में उनुका से दू दू गो, तीन तीन गो डांस करवा रहल बाड़े. हालही में सीमा सिंह के सर्वश्रेष्ठ आयटम डांसर के पुरस्कार दिहल गइल रहे भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड समारोह में.

रिलीज आ रिलीज के बाद

  • बिहार में बरखा आ बाढ़ से आइल तबाही देखत औलाद के रिलीज स्थगित कर दिहल गइल. अगिला तारीख अबही तय नइखे भइल. फिल्म ८ जुलाई के रिलीज होखे वाला रहे. बाकिर मुंबई आ यूपी में फिल्म के रिलीज आठ जुलाई के बढ़िया रिस्पांस का साथे कर दिहल गइल.निर्माता दिनेश लाल यादव निरहुआ, निर्देशक असलम शेख. मुख्य कलाकार निरहुआ, प्रवेशलाल, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा वगैरह.
  • विनय आनन्द अभिनीत फिल्म त्रिनेत्र के बिहार में पचासवाँ दिन मन गइल. निर्माता प्रतिमा डी मिश्रा. निर्देशक शाद कुमार. मुख्य अभिनेता विनय आनन्द, दिव्या द्विवेदी, पंकज केसरी वगैरह.
  • बिहार में साजन चले ससुराल के बम्पर पाँचवा हफ्ता. निर्माता आलोक कुमार. निर्देशक प्रेमांशु सिंह. मुख्य कलाकार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा वगैरह.
  • लड़ाई ल अँखिया ऐ लौण्डे राजा बिहार यूपी आ नेपाल में रिकार्ड ब्रेकिंग कलेक्शन ले रहल बा. निर्माता आ निर्देशक रामाकांत प्रसाद. मुख्य कलाकार पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा वगैरह.

रिलीज से पहिले

  • 29 जुलाई के बिहार आ मुंबई में दू सौ प्रिंट का साथ रिलीज होखे जा रहल बा रंगबाज. निर्माता एएससी डिजिटल. लेखक आ निर्देशक शिवराम यादव. कैमरा मैन हँसमुख राजपूत. डांस मास्टर रिक्की गुप्ता. एक्शन रियाज सुल्तान. कला आशीष कोलटे. ध्वनि मुद्रण सलीम खान. संपादक गोविन्द दुबे. संगीत अमन श्लोक. संवाद मनोज कु.कुशवाहा. गीत अरविन्द तिवारी, श्यामजी श्याम आ डा॰ रंजू सिन्हा.
    मुख्य कलाकार हैदर काजमी, रानी चटर्जी, सीमा सिंह, तसनीमा शेख, माया यादव, बिपिन सिंह, सीपी भट्ट, नीलिमा सिंह, उमाशंकर मिश्रा, अमित मेहरा, सोनिया मिश्रा, सुप्रिया गोपाल, मास्टर समद, सैयद गुलरोज, बाल गोविन्द, राम मिश्रा, फूल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, अनिल यादव वगैरह. विजयलाल यादव के विशेष मौजूदगी

पोस्ट प्रोडक्शन

  • ज्वाला मण्डी – एक प्रेम कहानी के पोस्ट प्रोडक्शन पूरा हो गइल. निर्माता राजू सिंह. निर्दशक जगदीश शर्मा. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, अवधेश मिश्रा वगैरह.
  • राम लखन के पोस्ट प्रोडक्शन के काम पूरा हो गइल. निर्माता राजकुमार दहिमा. निर्देशक इकबाल बख्श. मुख्य कलाकार सुशील सिंह, अनारा गुप्ता, सोम यादव वगैरह.
  • मल्ल युद्ध के पहिला कॉपी जल्दिये निकले जा रहल बा.निर्माता सुनील चौहान, निर्देशक चाँद मेहता. मुख्य कलाकार रविकिशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी, कोमल ढिल्लो वगैरह.
  • केहू हमसे जीत ना पाई के पोस्ट प्रोडक्शन के काम हो रहल बा. निर्माता डा॰वजाहत करीम आ डा॰सुरहित करीम. निर्देशक एम आई राज. मुख्य कलाकार रविकिशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह वगैरह.
  • भईया हमार दयावान के डबिंग शुरू भइल. निर्माता हरीश गुप्ता. निर्देशक असलम शेख. मुख्य कलाकार मनोज तिवारी, पाखी हेगडे, रिंकू घोष, मोनालिसा वगैरह.
  • चुन्नू बाबूसिंगापुरी के संपादन पूरा रफ्तार में बा. निर्माता के एस टेंग. निर्देशक मनोज श्रीपति झा. मुख्य कलाकार बीरेन्द्र पाण्डेय, राखी त्रिपाठी, प्रिया शर्मा वगैरह.
  • राजा के रानी से प्यार हो गइल के संपादन पूरा हो गइल. निर्माता स्वप्नदीप. निर्देशक शैलेश पाण्डेय आ स्वप्न दीप. मुख्य कलाकार प्रवेशलाल, शुभी शर्मा, मेघा घोष, संजय पाण्डेय वगैरह.
  • निरहुआ मेल के डबिंग के काम शुरु हो गइल. निर्माता के एस साईं बाबा, निर्देशक जी सुबब्बाराव. मुख्य कलाकार दिनेशलाल यादव, पाखी हेगडे, मनोज टाइगर वगैरह.
  • अचल रहे सुहाग के डबिंग हो रहल बा. निर्माता सुमीत खान, विकास शर्मा. निर्देशक अभिलाष शर्मा. मुख्य कलाकार विक्रान्त सिंह, ऋचा सोनी, राखी त्रिपाठी वगैरह.
  • पियवा बड़ा सतावेला के बैकग्राउण्ड म्यूजिक जोड़े के काम चल रहल बा. निर्माता विनोद गुप्ता आ अंकित शाह, निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. मुख्य कलाकार रविकिशन, विराज भट्ट, रानी चटर्जी, कृशा खंडेलवाल वगैरह.
  • वेस्ट विंड फिल्म्स प्रस्तुति रंगबाज राजा के संपादन होखल शुरु हो गइल. निर्माता भूपेश्वर त्यागी. निर्देशक अरविन्द चौबे. मुख्य कलाकार पवन सिंह, उर्वशी चौधरी, संगीता तिवारी वगैरह.

शूटिंग

  • राजीव दिनकर अभिनीत जइसन करनी वइसन भरनी के शूटिंग शुरु होखे वाला बा.निर्माता पी॰ राकेश. निर्देशक करन लकी. मुख्य कलाकार आदित्य ओझा, काजल राघवानी, राजीव दिनकर वगैरह.
  • जलाराम प्रोडक्शन के फिल्म धमाल कइलऽ राजा खातिर रविकिशन आ तुलिप सिंह पर रामदेवन का नृत्यनिर्देशन में एगो गाना के शूटिंग करावल गइल.निर्माता रमन नैय्यर. निर्देशक चन्द्रसेन सिंह. मुख्य कलाकार रविकिशन, तुलिप सिंह, सुरेन्द्र पाल वगैरह.
  • साईदीप फिल्म्स के ट्रक ड्राइवर के शूटिंग हाजीपुर आ पटना में करावल जा रहल बा. निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. कलाकार पवन सिंह, प्रदीप पाण्डेय, अंजना सिंह, काजल राघवानी वगैरह.
  • प्रेम लगन के शूटिंग शुरु हो गइल बा. निर्माता रामाकांत प्रसाद. निर्देशक नीतेश सिंह निर्मल. मुख्य कलाकार अजीत आनन्द, पूजा सिंह, जफर खान वगैरह.

शूटिंग से पहिले

  • साला मैं तो साहब बन गया खातिर फणीन्द्र राव के गीत लिखे खातिर साइन कइल गइल. निर्माता मुकेश कुमार आ अजयपाल सिंह. निर्देशक मुकेश कुमार.

(स्रोत – प्रशान्त निशान्त, शशिकान्त सिंह, समरजीत, उदय भगत, रंजन सिन्हा, संजय भूषण पटियाला आ अउरिओ लोग)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up