भोजपुरी सिनेमा के लक बदले आवत बाड़न लकी

by | Jul 1, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के लक बदले आ परदा पर जलजला लावे आवत बाड़न लकी जिनकर पहिलकी फिलिम ‘लव यू सजना’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. उत्तर प्रदेश के भदोही के रहे वाला लकी वइसे त मर्चेन्ट नेवी में बाड़न. बाकिर जब डांस के जुनून चढ़ल आ घर वालन से बढ़ावा मिलल त लकी डांस में जी जान लगा दिहलें. लकी के डांस देख निर्माता राजेश विश्वकर्मा उनुका के अपना फिल्म ‘लव यू सजना’ में सेकेंड लीड के किरदार दे दिहलन. अब लकी के मन एक्टिंग में रम गइल बा आ कहत बाड़ें कि साचहूं बड़ा मजा आवत बा. लकी एक्शनो कमाल के करेलें आ ओह एक्शन के एक झलक एह फिल्म में देखहू के मिली.

कृष्णा अमृत प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म ‘लव यू सजना’ के निर्माता राजेश विश्वकर्मा आ निर्देशक संजय हउवें. कार्यकारी निर्माता नागेन्द्र शर्मा आ सहयोगी निर्माता नवाब विश्वकर्मा अउर सुभाष निषाद हउवें. एहमें गायक मोहन राठौड़ आ लकी के मुख्य भूमिका बा. साथ में बाड़न विरेन्द्र चौहान निरहू, नायिका बाड़ी कमसिन बाला सुमन झा, आ बाकी कलाकारन में वंदिनी मिश्रा, एयाज खान, हीरालाल यादव, दिनेश राय, किट्टू अउर प्रमोद गोस्वामी.

कहानी यतीन्द्र कुमार के लिखल, पटकथा आ संवाद अनिल विश्वकर्मा के, गीत प्यारे लाल कवि, फणीन्द्र राव अउर उमेश अनमोल के, संगीत सुनील महिपाल क जोड़ी के, मारधाड़ निर्देशन हीरालाल यादव के, कैमरामैन रविराज सिंह आ ध्वनिमुद्रक इंद्रदेव चौरसिया हउवें.

(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up