भोजपुरी सिनेमा के साल भर के लेखा जोखा

by | Dec 16, 2013 | 0 comments

cricketers-Manoj-Nirahuaपरदा का जगहा मैदान पर लागल चउका छक्का

भोजपुरी सिनेमा जगत खातिर साल २०१३ यादगार रही. एह साल भोजपुरी सितारन के टीम “भोजपुरी दबंग” पहिला बेर सेलीब्रेटी क्रिकेट लीग के हिस्सा बनल आ एकरा सितारन के चउका छक्का बहुते लोग के नींद उड़ा दिहलसि.

एही साल मनोज तिवारी अपना गाँवे अतरवलिया में क्रिकेट स्टार सचिन तेंदुलकर के मंदिर बनववलन.

मनोज तिवारी समेत अनेके फिल्मी हस्तियन के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे सम्मानित कइल गइल.

पिछला चुनाव में सपा के साथ रहल मनोज तिवारी एह साल भाजपा में शामिल हो गइले. भाजपा एह साल चार राज्यन में भइल चुनाव में जबरदस्त जलवा देखवलसि.

एह साल जानल मानल भोजपुरी अदाकारा रिंकू घोष आपन जलवा देखवली अजय देवगन के हिंदी फिलिम “हिम्मत वाला” में आ कलर्स के शो “पम्मी प्यारेलाल” में.

फिलिमन के हिसाब से बीतत साल कुछ खास ना रहल. जवना बड़की फिलिमन आ सितारन से उमेद रहुवे सभे निराशे कइल. कुछ फिलिम अपना दाम का चलते असफल भइली स. स्टार नायकन के बढ़ल दाम से फिलिमन के लागत अतना बढ़ गइल कि ओकरा के वसूलल मुश्किल हो गइल. एकर नायाब नमूना रहल तीन गो सितारन के फिलिम “गंगा जमुना सरस्वती” आ “देश परदेश”. एह फिलिमन में बढ़िया अभिनय का बावजूद फिलिमन के उमेद जइसन आमदनी ना भेंटाइल.

एह साल रिलीज नया सितारन वाली फिलिम “प्रेम दिवानी” आ “जीना तेरी गली में”, अउर “तुही तो मेरी जान है राधा” सफलता के इतिहार रच दिहली सँ.

गायक से नयका नायक बनल राकेश मिश्रा के ले के बनल निर्माता डा॰ सुनील आ निर्देशक दिनेश के फिलिम “प्रेम दिवानी” दर्शकन के दिवाना बना दिहलसि. निर्माता निर्देशक राज कुमार पांडे के फिलिम “जीना तेरी गली में” आ “तू ही तो मेरी जान है राधा” मुरझाइल चेहरन प चमक लिआ दिहलसि. फिलिम समीक्षको एह फिलिमन के तारीफ कइले आ दर्शको लोग से भरपूर प्यार मिलल.

बाक्स आफिस प मिलल सफलता के लिहाज से एह साल के सबले बड़ हिट फिलिम रहली स “प्रेम दिवानी”, “तूही तो मेरी जान है राधा”, आ “जीना तेरी गली में”. एकरा अलावे “दिलेर”, “रानी चलल ससुराल”, “सपूत”, “विराज तड़ीपार” “कसम वर्दी के” खास रहली सँ.

सबले बड़हन फ्लॉप फिलिमन में “देश परदेश” रहल जवना में पवन सिंह आ धमेन्द्र जइसन स्टार आ कुमार विमल जइसन निर्देशक का बावजूद यूपी मे इ फिलिम बमुश्किल एक हफ्ता चल पावल.

एह साल भोजपुरी स्टारन के शानदार पारी देखे के ना मिलल. धड़ाधड़ फिलिमन के लाईन लगाए वाला सुपर स्टार दिनेश लाल यादव के एऋ साल के यादगार फिलिम रहल “दिलेर”. “दुल्हे राजा” के दर्शक नकार दिहले आ “इज्जत” अउर “वर्दी वाला गुंडा” सेमी हिट रहली स.

“तेरी कसम” के कामयाबी खेसारी लाल यादव का जादू बरकरार रखलसि आ उनकर यादगार फिलिम रहल “सपूत”. विराज भट्ट के “तू ही तो मेरी जान है राधा” दर्शकन के दिल जीतलसि त “इ कईसन प्रथा” आ “कसम वर्दी के” फिलिमन के सफल मानल जा सकेला.

एह साल रविकिशन के भोजपुरी फिलिम कमे देखे के मिलली सँ. उनकर “धुरंधर” दर्शकन के दिल जीतलसि. रविकिशन हिंदी फिलिमन में पूरा व्यस्त बाड़न.

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ दिनेशलाल यादव निरहुआ के कंपनी निरहुआ इंटरटेनमेंट हाथ मिलवली स आ अब नया चमत्कार करे का तइयारी में बाड़ी सँ.

एह साल मेगा स्टार मनोज तिवारी आ जानल मानल निर्देशक राजकुमार पांडे पहिला बेर साथे अइले फिलिम “देवरा भइल दिवाना” खातिर.

चर्चित निर्देशक राजकुमार पांडे अपना फिलिम “खून भरी मांग” ला रिंकू घोष के नायिका साईन कइलन. एहमें पाखी हेगड़ेओ नायिका बाड़ी.

नंबर वन खलनायक संजय पांडे के जलवा एहू साल कायम रहल.

रियल रंगबाज का नाम से मशहूर हैदर काजमी के फिलिम “प्रतिघात” कामयाबी के झंडा गड़लसि. दुबारा बिहार में लागल “बिगुल” फेरू सफल रहल.

सुपर स्टार विनय आनंद के एह साल के कामयाब फिलिम रहल “खूनी दंगल”.

एहू साल आयटम क्वीन का कुर्सी प सीमा सिंह बरकरार रहली आ लगभग हर दुसरका फिलिम में उनकर आयटम देखे के मिलल.

संगीत कंपनी वेव म्यूजिक एह साल अव्वल रहल आ हर बड़की फिलिम के संगीत अधिकार खरीदलसि.

महतारी का किरदारन में किरण यादव के जलवा बनल रहल.

कुल मिला के कहीं त इ साल भोजपुरी सिनेमा ला असफलता के साल रहल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
भोजपुरी सिनेमा

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up