भोजवुड का दुनिया से कुछ खबर संक्षेप में

by | Oct 8, 2011 | 0 comments

  • चालीस साल पहिले कोलकाता से मुंबई संगीतकार बने आइल प्रशान्त बोस के ऊ सफलता ना मिल पावल जवना के ऊ हकदार रहले. बाद में ऊ संघर्षो कइल छोड़ दिहले आ मुंबई का आडियो लैब पर रहे लगले. ओहिजा आवे वाला गायक उनुका के कुछ दे देत रहले जवना से उनुकर भोजन पानी चल जात रहुवे. सितम्बर के आखीरी सोमार का दिने उनुकर निधन हो गइल आ एह तरह गुमनामीए में गुजर गइल अगो संगीतकार. प्रशांत बोस के आखिरी क्रियाकर्म सतीश पुजारी कइले.(उदय भगत)
  • हाल में रिलीज भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के फिलिम “संतान” आ “फौलाद” के गजब सफलता मिलल बा. दुनु फिलिमन के सफलता एहू चलते खास बा कि दुर्गा पूजा का समय रिलीज होखल नुकसानदायक मानल जाला. एह दुनु फिलिमन के मिलल शानदार सफलता से रवि किशन खासा उत्साहित बाड़े.(उदय भगत)
  • फिलिमन में अभिनय करत आपन धमाल मचा चुकल विनय आनन्द अब गायकीओ शुरू कर दिहले बाड़े. पिछला दिने ऊ दू गो फिलिम खातिर आपन गाना रिकार्ड करवले. “काली” खातिर गाना राजेश रजनीश का संगीत निर्देशन में गवले त “दबंग दामाद” खातिर अमन श्लोक का निर्दैशन में. राजेश रजनीश के कहना बा कि विनय आनन्द में प्रोफेशनल सिंगर बने के सगरी गुण मौजूद बा.(उदयभगत)
  • सुदीप पाण्डेय के पिछला दिने एगो औरत धमकवले बिया कि या त पाँच लाख रुपिया. दस हजार डॉलर, दे दऽ ना त तोहार बहुते गंदा फोतौ आ झूठ साँच पूरा दुनिया में पसरा दिहल जाई.सुदीप पाण्डेय ओह औरत के एगो कनाडियन कलाकार बतावत कहले बाड़े कि उ औरत हाल का दिने में बहुते वेबसाइटन पर उनुका बारे में झूठ साँच पसरले जात बिया आ उनुका के दुनिया में बदनाम करे का कोशिश में लागल बिया.ऊ चाहत बिया कि सुदीप ओकरा से शादी कर लेसु. सगरी बवाल तब शुरु भइल जब ओ औरत जनवरी में भारत आइल आ सुदीप का परिवार का साथे बारह दिन ले रहल. ओकरा बाद ऊ सुदीप से शादी के प्रस्ताव रखलसि आ जब सुदीप इंकार कर दिहले तब से ऊ सुदीप के पाछा लाग गइल बिया. सुदीप कुछ मामिला में पुलिस में शिकायतो दर्ज करवले बाड़न बाकिर आपन व्यस्तता का चलते कतना कोर्ट कचहरी करीहें. ऊ औरत एही बात के फायदा उठावल चाहत बिया.(संजय भूषन पटियाला)
  • पिछला दिने पटना के एगो फर्म बड़हन दाम दे के सीमा सिंह के डाँडिया करे खातिर बोलवलसि त नवरात्रि पर आयोजित डाँडिया समारोह में डाँडिया खेलली. देखे वालन में पटना के कई गो प्रशासनिको अधिकारी मौजूद रहलें.(शशिकांत सिंह)
  • डा॰ वजाहत करीम के बनावल फिलिम “हमसे केहू जीत ना पाई” में दिहल अपना गरमा गरम सीन से भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष रातों रात हॉट बन गइल बाड़ी. फिल्म में रविकिशन का साथे उनुकर गरमागरम सीन देख पानीओ में आग लाग जाई.(शशिकांत सिंह)
  • पंकज केसरी पाँच गो फिलिम साइन कइलें. भोजपुरिया परदा पर प्रतिज्ञा, विधाता, परिवार, बकलोल दुल्हा, नथुनियाँ पे गोली मारे, त्रिनेत्र जइसन फिल्म दे चुकल पंकज अब शाद कुमार के “आज के गौतम गोविंदा”, शिव पूजन शर्मा के “मर्द हिम्मतवाला”, वीरू॰ के॰ के फिल्म “माफिया”, वैंकेट सत्या के “कलेजा चीर देब” आ “शूटर” साईन कइले बाड़न. उनुकर “आग” आ “प्यार जिन्दाबाद” फिलिम प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी सँ. (प्रशान्त निशान्त)
  • कड़क पुलिस अधीक्षक का भूमिका में नजर अइहें अवधेश मिश्रा फिल्म “निरहुआ मेल” में. फिल्म में अवधेश के बहिन बनल पाखी एगो आटो ड्राइवर निरहुआ के प्रेम में पड़ल बाड़ी. पाजिटीव बाकिर निगेटिव शेड लिहले अपना किरदार से अवधेश मिश्रा के बहुते उम्मीद लागल बा.(प्रशान्त निशान्त)
  • प्रवेश लाल यादव आ शुभी शर्मा के प्यार देखावत फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गइल” के प्रदर्शन जल्दिये होखे वाला बा. निर्माता स्वप्न दीप हउवें.(प्रशान्त निशान्त)
  • “सईंया भइलन परदेसिया” के शूटिंग पाँच अक्टूबर से बिहार में करावल जा रहल बा.सुमित बाबा आ मोनालिसा अभिनीत एह फिल्म के निर्माता रामजी सिंह आ निर्देशक सुबोध गाँधी हउवें.(संजय भूएण पटियाला)
  • निर्माता श्याम प्रताप आ शरद कुमार ठाकुर अउर निर्देशक मनोज सिंह के फिल्म “साजन के घर जाना है” के मुहुर्त पिछला दिने ओशिवरा के एश्वर्या हॉल में करावल गइलॆ फिलम् के मुख्य किरदार मयंक मेहरा, मनोज पांडै, रोबिन खान, रीतु मेहरा, आ मलाइका मेहरोत्रा.(संजय भूषण पटियाला)
  • भोजपुरी सिनेमा के तरक्की देख अचरज में बाड़े देवानंद. ई बाति ऊ विनय आनन्द के बतवले जब देवानंद के “सेंसर” में काम कर चुकल विनय आनन्द उनुका से भेंट करे गइले. बाकिर जब विनय आनन्द कहले कि आपहु भोजपुरी फिलिम काहे नइखीं बनावत त मुसुकिया के रहि गइलन.(शशिकांत सिंह)
  • निर्माता विजय प्रसाद आ निर्देशक बृजभूषण के फिल्म “देवता” वाला संजय पांडे अब “बदले की आग” में दहकत लउकीहें. एह एक्शन पैक्ड फिल्म में संजय पांडे के किरदार पर खासा मेहनत कइल गइल बा. “बजरंग”, “यादव पान भंडार” आ “ट्रक ड्राइवर” संजय पांडे के खलनायकी के जलवा जल्दिये दर्शकन के देखाई. (शशिकांत सिंह)
  • पिछला हफ्ता “नाच नचैया धूम मचैया” में गीतन के बहार बहल. पिछला हफ्ता एपिसोड के थीम रहल भक्ति गीत. एह एपिसोड में सबले बेसी अंक मिस जम्मू रहल अनारा गुप्ता के मिलल जे काली बन के नचली. पार्वती बनल रिंकू घोष तांडव नृत्य पेश कइली.शो हर शनिचर अतवार के महुआ टीवी पर देखावल जाला आ रविकिशन एकर एंकरिंग करेलें.(प्रशांत निशांत)
  • भोजपुरिया दबंग स्टार सुशील सिंह के “फौलाद” बिहार में सफलता के नया इतिहास बनवलसि. टीवी पर जलवा देखवला का बाद आ कई फिल्मन में खलनायकी कर चुकल सुशील सिंह कुछ हिन्दी फिलिमन में नायक बन के आवे वाला बाड़न.(शशिकांत सिहं)
  • यूपी के रहे वाली ग्लैमर गर्ल टुलिप सिंह जल्दिये कई गो भोजपुरी फिलिमन में नायिका बनल नजर आवे वाली बाड़ी. शुरुआत कृष्णा अभिषेक के “दे द पिरितिया उधार” से कर चुकल बाड़ी. रवि किशन का साथे “धमाल कइल राजा” के शूटिंग चलत बा. विनय आनन्द का साथे काली में लउकीहें.(प्रशान्त निशान्त)
  • डाँसिंग क्वीन सीमा सिंह के डांसिंग शो “नाच नचैया धूम मचैया” के बेस्ट जोड़ी आफ द डे. बेस्ट जोड़ी आफ द वीक के खिताब मिलल.(शशिकांत सिंह)
  • प्रकाश झा के लिखल कहानी पर बनल धारावाहिक सुनैना मौर्या टीवी पर हर शुक आ शनिचर के देखावल जा रहल बा जहाँ दर्शक ओकरा के खूब पसन्द कर रहल बाड़े. विपरीत माहौल में अपना घर परिवार के बचावे खातिर लड़त एगो लड़िकी के कहानी बा एहमें.निर्माता अंजू शर्मा, निर्देशक संजय कपूर. मुख्य भूमिका मनोज वर्मा, शिल्पी शुक्ला.(रंजन सिन्हा)
  • बिहार नेपाल का सीमा पर आतंक बन के रहल डकैतिन शकुनंतला पर अब भोजपुरी फिल्म बने जा रहल बा जवना में शकुन्तला के भूमिका शकुन्तला खुदही करी. पिछला दिने पटना के गार्डेन कोर्ट में एकर मुहुर्त करावल गइल.निर्माता विनोद कुमार सिंह, निर्देशक पी राजकुमार, मुख्य भूमिका अवधेश मिश्रा, शकुंतला, सीमा सिंह.(रंजन सिन्हा)
  • मसीहा, बृजवा जइसन बड़ फिलिम दे चुकल निर्माता अनिल कुशवाहा आ आवऽ ना ओढ़ा दीं ओढ़निया के निर्देशक मंजुल ठाकुर आपन अगिलका फिलिम ले के आवत बाड़े “टीप टप लैला अंगूठा छाप छैला”. फिल्म के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ आजुकाल्हु पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up