मनोज तिवारी के अपने बेगाने के लहर उठ गइल बा

by | May 23, 2011 | 5 comments

सभे जवन पहिले से कहत रहे उहे भइल आ मनोज तिवारी अभिनीत फिल्म “अपने बेगाने” बिहार में सफलता के झण्डा गाड़ दिहलसि. “भोजपुरिया डॉन” आ मर्द नं॰ १” का बाद सभे इहे उमेद करतो रहल कि मनोज तिवारी के “अपने बेगाने” सफलता के रिकार्ड बनइबे करी. के सी बोकाडिया के एह फिल्म के पिछला दिने जब बिहार के पचहत्तर सिनेमा घरन में एक साथ रिलीज कइल गइल त हर जगह भयंकर गर्मी का बावजूद दर्शकन के हुजूम जुट गइल एह पारिवारिक फिल्म के देखे खातिर. फिल्म के सफलता फेर बता दिहलसि कि मनोज तिवारी के जादू भोजपुरी सिनेमा में हमेशा चलत रही आ फिल्म में उनकर मौजूदगी निर्माता खातिर टकसाल के काम करी. कुछ लोग त कहतो बा कि भोजपुरी सिनेमा में बस मनोजे तिवारी बाड़े अपने बाकी सभे त बेगाना हऽ.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

5 Comments

  1. Bobby Jaiswal

    Sampadak mahoday
    Namaskar
    aapki tipanni padhi … aapne khud sweekara hai ki aap hakikat jante hue bhi sirf wahi chapte hain jo pracharak likh kar bhejte hain… kya aisa nahi ho sakta ki usme sudhar kar chapa jaye … ek jaisi news ek hi headline ke sath kai web site par chape to kya kahenge aap ?
    rahi bat sirf Manoj Tiwari ki news par hi tipanni ki to aapko yah bhi dekhna hoga ki kya unki news me hi to is tarah ki gadbadi nahi rahti hai.. pathako ki rai agar kisi ek hero ke news par hi galat hoti hai to yah bhi to ho sakta hai ki unki news hi adhik sankhya me galat ho…
    kya manoj tiwari ki sari news par yah tipanni rahti hai ? agar han to koi dwesh vash aisa karta hai lekin agar kisi kisi news par to matlab saf hai news hi galat hai….

  2. admin

    बॉबी जी,

    रउरा बात से एह मामिला में हम पूरा सहमत बानी कि भोजपुरी सिनेमा के ऊ रफ्तार मद्धिम होखे लागल बा. कारण बा जरुरत से बेसी गुणगान. सभे जानेला कि कवनो अहिरिन अपना दही के खट्टा ना कहे बाकिर खाये वाला के त मालूम होखबे करी. अगर ओतने गुणगान होखे जतना जरुरी बा त शायद कुछ बढ़िया काम होखे लागे. कुछ दिन पहिले अँजोरिया पर हम जरुरत बतवले रहीं कि भोजपुरी फिल्म समीक्षकन के बेहद कमी बा. अगर कुछ लोग एह दिसाईं काम करे आ रिलीज भइल फिलिम देखला का बाद ओकरा बारे में सही सही लिख भेजे त ऊ भोजपुरी आ भोजपुरी सिनेमा के सबले बढ़िया सेवा रहीत.

    जहाँ तक बात रहल डब कइल साउथ के फिलिमन के त ओकर असली कारण बा गदराईल देह आ कामुक दृश्य देखे के लालसा. भोजपुरीओ में एही चलते बढ़िया काम नइखे हो पावत. आयटम डाँस का आगा फिलिम के हर पक्ष कमजोर पड़ जा ता आ मुन्नी बदनाम आ शीला के जवानी का बल पर फिलिम कुछ दिन भले चल जाव ओह फिलिम के ईयाद ढेर दिन नइखे चले वाला.

    हमरा त अफसोस तब होला जब राह पेड़ा में कतहीं कवनो अइसन गाना सुने के ना मिले जवना के रुक के सुने के मन करो. गीत से मेलोडी त पता ना कहाँ भुला गइल आ कामुकता फइलावे वाला गाना ढेर दिन ले ना चल पावे.

    हम चाहब कि रउरा जइसन कुछ लोग व्यक्तिगत राग द्वेष छोड़ के सही बात लिखे के शुरु करे. लेकिन देखीले कि अइसन आलोचना अक्सर मनोजे तिवारी के कइल जाला. दोसरा सुपरस्टारन का बारे में केहू ना लिखे बोले. जबकि अइसन नइखे कि बाकी लोग बहुते बढ़िया बा आ मनोज तिवारी बहुते खराब. आजु हिन्दी में कतना नयका अभिनेता आइल बाड़े भोजपुरी में काहे लोग ओही तीन चार जने का भरोसे टिकल बा ? अइसन नइखे कि भोजपुरी भाषी कलाकारन के अकाल पड़ गइल बा. दोसरे भोजपुरी के फिल्म वितरकन के फाँस छोड़ावे के जोगाड़ जबले ना बनी तबले बढ़िया निर्माता निर्देशक बढ़िया फिलिम ले के सामने आवे के हिम्मत ना करीहें.

    राउर,
    संपादक, अँजोरिया परिवार

  3. Bobby Jaiswal

    Sir AApne to fir bhi release ke teen din bad news dala hai.. ek website par to bahut hi lamba news hai wo bhi release se pahle post kiya gaya hai… Mera sinemaghar hai jahan film laga tha … kal shayad nahi rahe … film ka kamjor paksh hai music ….Manoj Tiwari ji ka kaam accha hai lekin Darshak ab unko pasand nahi karte hai… shayad .. Log aa hi nahi raha hai dekhne jab ki hum south ka dub film lagate hain to jyada bhid rahta hai.

  4. admin

    प्रिय नन्द कुमार जी,

    रउरा लगातार टिप्पणी लिखत आवत बानी, एह खातिर धन्यवाद. हम कई बेर बता चुकल बानी कि हमरा सिनेमा देखे के मौका ना मिल पावे आ जवन सामग्री छापल जाले तवन फिल्म प्रचारक लोग का सौजन्य से मिलेला. रउरा टिप्पणी का बाद हमरा महबूर होके शुक २० मई के हिन्दुस्तान दैनिक देखे के पड़ल जवना में एह फिल्म के १९ गो थियेटर में नाम दे के लगावे के विज्ञापन बा. साथ में कुछ छोटका शहर के थियेटरन के नाम नइखे दिहल गइल आ अन्य लिख के छोड़ दिहल गइल बा.

    ओह दिन के अखबार देख के इहे लागत बा कि भोजपुरी सिनेमा के हालत ठीक नइखे. काहे कि एकही फिल्म रिलीज के खबर बा. बाकी दू गो फिल्म के रिलीज होखे के बात बतावल गइल बा, एगो अगिला हफ्ता आ दोसरका जल्दिये.

    सोचत बानी कि नियमित रुप से अखबार के देखल करीं त शायद कुछ गलतियन पर नजर पड़ जाव. हमार बहुत खुशी होखी रउरा से बात कर के. अगर रउरा आपन फोन नंबर मेल कर देतीं त.

    राउर
    संपादक, अँजोरिया

  5. nandkumar

    film 18 jagah lagi hain aur 20 ko lagi thi aur 26 ko utar rahi hai.manoj ki ek aur flop

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up