मनोज तिवारी 20वीं मंज़िल से छलांग लगवलें

by | Jul 22, 2012 | 0 comments

हालही अपना फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग करत में भोजपुरी मेगास्टार मनोज तिवारी एगो बहुते खतरनाक स्टंट सीन कइलन जवना में बीसवाँ मंजिल से छलांग लगावे के रहुव. मनोज तिवारी के बहुते समुझावे के कोशिश कइल गइल कि अइसन सीन मत करीं, डुप्लीकेट से करवा लिहल जाई जे स्टंट सीन करे खातिर अनुभवी होलें बाकिर मनोज तिवारी खुदही स्टंट सीन देबे पर अड़ गइलें. ओकरा बाद सेफ्टी वायर बान्ह के बीसवीं मंजिल से छलांग लगा दिहलें. एह खतरनाक स्टंट सीन पर सभे ताली बजा के स्वागत कइल.

बाद में सीन के डबिंग करत घरी मनोज तिवारी जब सीन देखलें त बहुते डेरा गइलें. कहलन कि सीन करत घरी त डर ना लागल रहे बाकिर आजु जब सीन देखत बाड़न त मन में डर समा गइल. कहीं सेफ्टी वायर टूट जाइत भा दोसर कवनो हादसा हो जाइत तब ? इहे सब सोचत थोड़ देर ला ऊ खामोश हो गइलन कि दर्शकन के मनोरंजन खातिर कलाकार का का ना करसु.

एह फिल्म में भोजपुरी के तीनो सुपर स्टार एक साथ काम कइले बाड़न आ ‘गंगा जमुना सरस्वती’ फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up