मन के भावना से उपजेला गीत – संतोष पुरी

by | Feb 6, 2012 | 0 comments

महज चौदह साल का उमिर में अपना जमाना के मशहूर गायिका बिजली रानी से गीत गवावल अपना आप में बहुते खास होला आ ई कमाल कर देखवले संतोष पुरी. तब ऊ संतोष गिरी का नाम से गीत लिखल करसु बाकिर लोकप्रियता मिलल उनुका लिखल हिट गीत ‘ आइले मोरे राजा….’ से जवना के मशहूर गायिका देवी गवली आ एही गीत का जरिये देवी के मशहूर गायिका का रूप में पहचान मिलल. संतोष के दोसर हिट एलबम रहल ‘राजधानी पकड़ के आ जाइयो’. वइसे हिट गीत ‘पुरबा बयार’ ओ संतोषे के लिखल ह.

संतोष पूरी बतावेले कि दसे साल का उमिर से गीत लिखल शुरू कर दिहले रहले आ तेरह साल के उमिर आवत स्कूल से भाग के मुंबई आ गइले. एहिजा के गलियन में भटकत संतोष पर संयोग से निर्देशक रहीम खान के नजर पड़ल आ रहीम खान संतोष पुरी के अपना घर में शरण दे दिहले. फेर हिन्दी फिल्म ‘जेहाद’ में गीत लिखे के मौको दिहले. एकरा आवाज मिलल सपना अवस्थी अउर मोहम्मद अजीज के. छोट उमिर का चलते संतोष के छहे महीना में घर के इयाद सतावे लागल आ ऊ गाँवे लवटि गइलन.

सागर इलेक्ट्रानिक, बाकरगंज के विद्या सागर गुप्ता के संतोष आपन गॉड फादर मानेले. संतोष के लिखल गीत उदत नारायण, सुरेश वाढकर, कैलाश खेर, विनोद राठौड़, रूप कमार राठौड़, सुख विंदर मो अजीज, सपना अवस्थी, जावेद अली वगैरह गायक गा चुकल बाड़े. पवन सिंह के पहिलका “रंगली चुनरिया तोहरे नाम से” में संतोष पूरा आठ गो गीत लिखलन आ ऊ गीट हिटो भइली स. फेर हिट रहल निरहुआ रिक्शावाला के गीत ‘बलिया बारात जाई’. संतोष एकरा अलावे रामपुर के लक्ष्मण, मृत्युंजय, संता, राम लखन, बिदेसिया, दिल तोहरे प्यार में पागल हो गईल, आ एक दूजे के लिए खातिर गीत लिखले बाड़े. हिन्दी फिल्म तरकश, जलसा आ घर की देवी के गीतो संतोष लिखले बाड़े.


(अपना न्यूज के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up