अभिनय में दमखम होखे त भाषा भा इलाकावाद हावी ना होखे. एकर ताजा उदाहरण देखे के मिलल मुंबई में जहवाँ एगो मराठी फिल्म के प्रीमियर में भोजपुरिया टाइगर रवि किशन बतौर मुख्य अतिथि बोलावल गइल आ ओहिजा उनुकर भरपूर सम्मान कइल गइल.

गौरतलब बा कि मराठी फिल्म जगत बढ़िया फिलिम बनावे खातिर जानल जाला. भोजपुरी फिल्म जगत कभिए कभार राष्ट्रीय पुरस्कारन में आपन मौजूदगी दर्ज करा पावेला जबकि मराठी फिलिम ओहिजा हर साल मौजूद रहेला.

मुंबई के लोअर परेल के पीवीआर में आयोजित मराठी फिल्म “मसाला” क प्रीमियरो में मराठी फिल्म जगत के अनेके जानल मानल राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशकन का अलावा अभिनेत्री रेवती, सोनाली कुलकर्णी, अमृता सुभाष, उमेश कुलकर्णी वगैरह मौजूद रहले. मराठी फिल्म जगत से मिलल एह सम्मान से गदगद रवि किशन मराठीए में आपन संबोधन दिहले. रविकिशन कहलन कि मराठी फिलिमने का तरह भोजपुरियो सिनेमा के आपन एगो बढ़िया दर्शक वर्ग तइयार करे के चाहीं. कहलन कि जइसे दयाल निहलानी भोजपुरी फिल्म के निर्देशन करिके भोजपुरी सिनेमा के गरिमा बढ़वले ओही तरह अउरियो बढ़िया निर्देशकन के भोजपुरी में आवे बोलावे क चाहीं जेहसे कि भोजपुरी फिलिमन के स्तर सुधरे.

बहरहाल, एगो भोजपुरी कलाकार के मराठी फिल्म जगत से मिलल सम्मान खाली रविए किशन ला ना बलुक सगरी भोजपुरी फिल्म जगत ला ख़ुशी क बात बा.


(उदय भगत के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: