महतो जी के दलान के संगीतमय मुहुर्त

by | Sep 22, 2011


पिछला दिने मुंबई का एम फोर यू स्टूडियो में भोजपुरी के सम्राट गायक भरत शर्मा व्यास नारियल फोड़ के पी के मूवीटौन का बैनर में बने जात भोजपुरी फिल्म “महतो जी के दलान” के संगीतमय मुहुर्त करवलन.
एह अवसर पर निर्माता पी के जोशी, अनिल खान, अरुण पारिख, भुवानिया, हरलालका रुंगटा, निर्देशक आनन्द श्रीवास्तव, सचिन यादव, अभिषेक चढ्ढा, संगीतकार दामोदर राव, मधुकर आनंद, गणेश पाण्डेय, कामेडियन सीपी भट्ट, अभिनेत्री कल्पना शाह, प्रिया कपूर, ईशा, खुशी, नीतू, अभिनेता पंकज तिवारी, अखिलेश राज वगैरह मौजूद रहले.
निर्माता पीके जोशी बतवले कि ऊ पहिले “राजाजी आई लव यू” के निर्माण करीहें जवना के शूटिंग जल्दिये मुंबई में शुरू होखी. ओकरा बाद “महतो जी के दलान” के निर्माण होई.
“महतोजी के दलान” के निर्देशन आनंद श्रीवास्तव करीहें. गीत विनय बिहारी के, संगीत दामोदर राव के, कैमरा नवाब अहमद के, पटकथा आ संवाद सुबोध गाँधी के, नृत्य निर्देशन रिक्की जैक्सन के आ फाइट गब्बर सिहं के रही.
फिल्म के मुख्य कलाकारन में सुमित बाबा, कल्पना शाह, प्रिया कपूर, रिमा सिंह सीपी भट्ट वगैरह रहीहें.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up