महुआ टीवी पर हँसी के तड़का

by | Mar 4, 2011 | 3 comments

भोजपुरी प्रेमियन के दिल जीत चुकल टीवी चैनल महुआ टीवी अब ले के आ रहल बा “हँसी के तड़का”. दर्शक एह शो के देखत हँसते हँसत रात के स्वागत करीहें. शो के कलाकार हमनिये का बीच से चुनके आइल होखीहें. रउरा देखब चौदह गो हँसी के कलाकारन कें जे अपना मँझल कलाकारी से, अपना अदायगी से, आ अपना बोली से राउर दिल जीत लीहें. शो के एंकर रहीहें भोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल उर्वशी चौधरी आ हास्य कलाकार सुनील साँवरा. निर्णायक मण्डल में शामिल रहीहें मशहूर कामेडियन सुनील पाल, अदाकारा उपासना सिंह आ हर हफ्ता एगो मेहमान जज का रुप में बालीवुड के सितारा.

जवना चौदह प्रतिभागियन के एह शो खातिर चुनल गइल बा उनुकर नाम बा सिवान के अनुराग चैनपुरिया, कुशीनगर के अरविंद ओम गुप्ता, नवादा के बुल्लू कुमार, पटना के हर्षिका प्रिया, बलिया के नीतेश राय, देवरिया के परितोषपति त्रिपाठी, दिल्ली के पीयूष दुबे, भोपाल के रणवीर प्रताप, जबलपुर के संजय गायकवाड, इलाहाबाद के शाहरुख इकबाल, हरियाणा के सोनू राजा आ सुशील खरबंदा, नयी दिल्ली के सुमन कुमारी आ औरंगाबाद बिहार के सुनील दत्त.

शो के प्रसारण चार मार्च से हर शुक आ शनिचर के रात ९ बजे से होखल करी.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

Loading

3 Comments

  1. arvinid tiwari

    i have like to this news this is a great thing a bhojpuria langige

  2. BSD

    bahut sahi eisan karyakram ke jaroorat rahe

  3. omprakash amritanshu

    हँसी के तड़का”के, हम स्वागत करत बनी !
    आपन किमती समईया आर्पित करत बनी !!
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up