नीलिमा सिंह भोजपुरी परदा के अइसन अदाकार हई जे हर तरह का भूमिका में जान डाल देली. पिछला साल इनका के महतारी के भूमिका में सबले बढ़िया अभिनेत्री के पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे.
नीलिमा क कहना बा कि महतारी के भूमिका के लोग गंभीरता से ना लेव आ नाही पटकथा लिखत घरी लेखक एह किरदार के तवज्जो देलें. जबकि जरूरत बा कि माँ के किरदार के पूरा संजीदगी से देखल जाव.
नीलिमा सिंह एह घरी आधा दर्जन भोजपुरी फिलिमन में महतारी के भूमिका करत बाड़ी. आ हर फिलिम में उनकर अंदाज अलग अलग बा.
(भोजवुडन्यूज के रपट)
0 Comments