मानसिक परेशानी से गुजरत बा हमार परिवार — रवि किशन

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन आ उनुकर पूरा परिवार एह घरी भयंकर मानसिक परेशानी में बा, पिछल नौ सितम्बर के रविकिशन के घरेलू नौकरानी खुदकुशी कर लिहलसि जवना का बाद पूरा परिवार सदमा में बा. रवि किशन आजु बयान जारी कर के कहले बाड़न कि मृतका रूबी मथुरा के रहे वाली रहे आ ओकरा के रविकिशन के निजी सहायक सागर वर्मा लेके आइल रहल आ कहलसि कि एकरा घर के माली हालत ठीख नइखे आ एकरा नौकरी के बहुते जरूरत बा. रविकिशन के पत्नी प्रीति तब ओकरा के गोरेगांव वाला डेरा पर घर में काम करे खातिर राख लिहली.

घटना वाला दिन रविकिशन बिहार में अपना फिल्म संतान के प्रोमोशन में रहले जब उनुका ई खबर मिलल. उनुकर बच्चा सब पढ़त रहले जब रूबी अपना के बाथरूम में बंद कर के ओहिजा से नीचे कूद गइल. रूबी के मानसिक हालत ओह समय ठीक ना रहल. अपना बारे में ऊ कमे बतिियावत रहे बाकिर सभका पता रहे कि ऊ अपना बचवन खातिर बहुते चिंतित रहे.

रवि किशन बतावत बाड़े कि एह घटना से उनुकर बचवा डेरा गइल बाड़े सँ, टीवी आ अखबारन में छपत खबरो के ओह सब पर गहिरा असर पड़ल बा. उनुका घर में ना रहला का चलते ओह सब पर अउरी मानसिक दवाव पड़ल बा. एह घटना से पूरा परिवार सहम गइल बा आ एहसे उबरे में समय लागी. एह घटना से उनुका फिल्म “संतान” के शानदार सफलता के खुशियो मद्धिम पड़ गइल बा. रविकिशन कहले बाड़न कि जल्दिये ऊ मीडिया का सोझा आ के सगरी सवालन के जबाब दीहें. रविकिशन इहो कहले बाड़न कि ऊ रूबी के आत्मा के शांति खातिर भगवान से प्रार्थना करत बाड़न.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up