मोनिका सिंह बत्रा के नाम जेहन में आवते आंखिन का सोझा एगो अइसन हॉट अउर सेक्सी नायिका क चेहरा घूम जाला जेकर जादू भोजपुरी सिनेमा जगत में एह घरी खूब चलत बा. दर्शको उनुका के देखल पसन्द करेले. मोनिका सिंह बत्रा अपना अभिनय के शानदार मिसालो पेश कइले बाड़ी. पिछला दिने उनुका जन्म दिन पर उनुकर एगो चाहेवाला अइसन उपहार भेजलसि कि मोनिको सिंह चँउक गइली. उपहार रहल मधुबाला के मुसुकात तस्वीर आ संगे रहल दुआ कि मोनिका बत्रा भोजपुरी सिनेमा में उहे जगहा हासिल करसु जवन हिंदी सिनेमा में कबो मधुबाला के मिलल रहुवे.
मेगा स्टार मनोज तिवारी संगे फिल्म ‘एलान बा’ में जबरदस्त भूमिका कर के सुर्खियन में आइल मोनिका सिंह बत्रा अब भोजपुरी वर्ल्ड में हॉट केक बन गइल बाड़ी. क़दम दर क़दम सफलता के पायदान चढ़त मोनिका बत्रा देहरादून के हई आ भोजपुरी के अकेली अभिनेत्री हई जे एन.एस.डी. से आइल बाड़ी. मोनिका जल्दिए भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में बतौर मुख्य नायिका नजर अइहें. लीक से हट के बनल एह फिल्म में मोनिका के जबरदस्त एक्शनो देखे के मिली. एकरा अलावे पवन सिंह संगे मोनिका सिंह ‘खून के इल्ज़ाम’ में नजर अइहें. अपना आवेवाली फिलिमन में ‘कसम तिरंगा के’, ‘गजब सीटी मारे सइयां पिछवाड़े’ आ ‘सइंया अरब गइले ना’ खातिर मोनिका पूरा उछाह में बाड़ी. लोग कहे लागल बा कि मोनिका बत्रा एक दिन भोजपुरी वर्ल्ड में नम्बर वन पर पहुंच के रहीहें.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)