रंगबाज लगवलसि पटना में रंगबाजन के जमावड़ा

पिछला दिने जब फिल्म “रंगबाज” के संगीत जारी के रहे त पटना के पाँच सितारा होटल मौर्या में बिहार के रंगबाजन के जमावड़ा लाग गइल. होटल के गेट से पार्टी रुम तक आठ गो गेट सजावल रहे आ पटना के चप्पा चप्पा पर “रंगबाज” के पोस्टर साट दिहल रहे. एह पार्टी में फूल आ गुब्बारा से सजावल विनायल स्टेज पर जब फिल्म के नायक हैदर काजमी का संगे बिहार के मंत्री अइलें त चारो तरफ “रंगबाज” के गाना बाजे लागल. म्यूजिक रिलीज बिहार के खाद्य आपूर्ति मंत्री श्याम रजक का हाथे भइल. मौका पर मौजूद जानल मानल फिल्मकार आ फाइने्सर संजय सिन्हा, अभय सिन्हा आ सगरी अतिथि लोग पूरा टीम के बधाई दिहल. संगीत समारोह में पार्टीओ के आयोजन रहे जवना में बिहार के तमाम दिग्गज शामिल भइले.

“रंगबाज” के म्यूजिक रिलीज के ई समारोह ढेर दिन ले याद कइल जाई. बाद में पत्रकार सम्मेलन में निर्देशक शिवराम यादव, नायक हैदर काजमी आ नंबर वन आयटम डांसर सीमा सिंह सवालन के जबाब दिहलें. फिल्म के संगीत पहिले सुपर डुपर हिट साबित हो चुकल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up