रंगबाजे ना भोजपुरी वर्ल्ड के डेरिंगबाजो हउवन हैदर काजमी. ई बात तब साबित हो गइल जब ऊ अपना फिल्म ‘कालिया’ के शूटिंग जहानाबाद जेल का भीतरो कइले. ई पहिला बेर भइल जब कवनो फिल्म के शूटिंग जेल का भितरी कइल गइल. आ उहो जहानाबाद जइसन जेल के जहवाँ अनेके नक्सली आ खूंखार अपराधी बन्द बाड़े. एहसे हैदर काजमी के डेरिंग के अंदाजा लागल. इहाँ ले कि ऊ ‘कालिया’ फिल्म के निर्देशक शिवराम यादव के मना कइला का बावजूद फिल्म के अधिकतर खतरनाक स्टंट खुद कइलन, अपना जान के परवाह कइला बिना. साथ ही हैदर काजमी आ शिवराम यादव के टीम कवनो सुरक्षा तक ना लिहलसि.
‘कालिया’ के निर्माण एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. करत बिया आ कलाकार हउवें हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, सी.पी. भट्ट, राकेश यादव, सुमित बनर्जी, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, शैलेश सिंह राणा, सुषमा सिन्हा, निलोफर, राम मिश्रा, अलीशा, विपिन सिंह अउर बालेश्वर सिंह आ अनिल यादव.
संवाद मनोज पांडे के, एक्शन मास्टरी रियाज सुल्तान के, गीत अरविंद के आ संगीत एग्नेश के हवे, कैमरा संम्हरलन मनीष के. जैन आ.एकर सह निर्माता हउवे मुशर्रफ अहमद आ सहयोगी निर्माता ए.एच. काजमी. साउंड रिकार्डिस्ट सलीम खान, कला निर्देशक आशीष कोलटे.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)
0 Comments