रवि किशन के जादूगर आँख

by | Mar 27, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी में अपना सहयोगी कलाकारन का बीच टाइगर नाम से मशहूर रवि किशन के आँख परदा पर बोलेले. गजब के अभिनय क्षमता राखे वाला रवि किशन के जबहियो मौका मिलल बा ऊ देखा दिहले बाड़न कि उनुका में कतना दमखम बा. एही शुक के रिलीज भइल सैफ अली खान के होम प्रोडक्शन फिल्म “एजेंट विनोद” में रवि किशन अतिथि भूमिका में नजर अइले. बरीसन पहिले एक साथ काम कर चुकल सैफ अली खान के अपना एह फिल्म में अइसन कलाकार के जरूरत रहुवे अतिथि भूमिका में जे बिना बोलले अपना आँखे से सबकुछ बोल जा. से सैफ अली खान अपना पुरान दोस्ती आ रवि किशन के बोलत आँख का चलते उनुके एह भूमिका खातिर चुनले. जबकि ऊ चहतन त अपना एह होम प्रोडक्शन फिल्म खातिर कवनो बालीवुड कलाकार के तइयार करवा लेतन.

सैफ अली खान अपना एह फिलिम के शुरूआते रवि किशन के आँख से कइलन. रवि किशन आपन काम अतना बखूबी निबहले कि सगरी फिल्म समीक्षक उनुकर सराहना करत बाड़े. रवि किशन एह फिल्म में एजेंट राजन के भूमिका में बाड़े जे शुरु के दस मिनट में अकेले परदा कबजियवले लउकत बा. बकौल रवि किशन – ऊ हमेशा भूमिका देखेलें, रोल के लमंबाई बा, अगर कलाकार के किरदार बढ़िया होखे त एकाधो सीन यादगार बन जाले.

बहरहाल, रवि किशन के बोलत आँखिन के जादू हिंदी फिलिमन में जम के चलत बा.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up