शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार

by | Jul 14, 2012 | 0 comments

सागर फिल्म्स कम्बाईन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘शनिबाबा रखिहऽ लाज हमार’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एकर निर्माता महेश जी. थांटीकोण्डा अउर अर्जुन जी. थांटीकोण्डा आ निर्देशक जेड सुरेश शंकर हउवें. आजु हमनी के देश के गिनती आगा बढ़त देशन में होखेला बाकिर एहके बावजूद हमनी का अंधविश्वास के जाल में जकड़ल बानी जा. ई फिलिम ओही अंधविश्वास के देखावत बिया.

एह फिल्म के नायिका के जनम शनिचर का दिने होखत बा आ ओकर महतारी मत जात बाड़ी त लोग ओकरा के अपशगुनी माने लागत बा. बड़ भइला पर शादी के चार बरीस बितलो पर ओकरा बच्चा नइखे होखत त ओकर सास ओकरा के अपशगुनी कह के घर से नकाल देत बिया. हर तरफ से ठोकल ठेठावल नायिका तब भगवान शनिबाबा के शरण में चल जात बिया. शनि बाबा के आराधना से ओकर सगरी दुख बिला जात बा.

एह पारिवारिक फिलिम में आइटम क्वीन सीमा सिंह पर फिल्मावल आइटम सांग में फूहड़पन तनिको नइखे. कहानी के डिमांड पर एह आइटम सांग के राखल गइल बा.

गीतकार अशोक घायल, फणीन्द्र राव अउर सुमित कुमार श्रीवास्तव, संगीतकार अशोक घायल, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, एक्शन मास्टर पी. जब्बार, कैमरामैन नीतू इकबाल, संकलनकर्ता विजय गेंगले आ साउण्ड रिकार्डिस्ट नाटू भाई. कहानी लेखक जेड सुरेश शंकर, पटकथा लेखक प्रभाकर झा अउर मनोज गुप्ता, आ संवाद लेखक अंजनी श्रीवास्तव हउवें.

कलाकारन में अजीत आनंद, कल्पना शाह, अभिषेक चड्ढा, ललितेश झा, गिरीश शर्मा, नीलिमा सिंह, संगीता वर्धन, पुष्पराज सिंह, सोनू राजा, संजय वर्मा, पंकज मेहता, मास्टर आदित्य, बेबी वैष्णवी आ बेबी करुण्याश्री के खास भूमिका बा आ पंकज केसरी अउर सुदीप पाण्डे मेहमान भूमिका में नज़र अइहें.


(समरजीत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up