pub-4188398704664586

शादो कुमार क फिलिम में राजीव दिनकर

by | May 31, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के दमदार स्टार राजीव दिनकर अब निर्देशक शाद कुमार क फिल्म ‘भईल तोहरा से प्यार आई लव यू’ में आपन जलवा देखावत नजर अइहन. राजीव दिनकर हाल ही में डॉ. संजय श्रीवास्तव निर्देशित ‘मोर्चाबन्दी’ फिलिम क शूटिंग ख़तम कइलें आ तुरते बाद निर्देशक अउर कैमरामैन शाद कुमार राजीव दिनकर के अपना फिलिम ‘भईल तोहरा से प्यार आई लव यू’ क शूटिंग में बिजी करा लिहलन.
राजीव दिनकर क अबहीं ले रिलीज सगरी फिलिम सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सँ. एहमें ‘बलिदान’, ‘लाट साहब’, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ आ अब एह साल के सबले बड़ हिट ‘सुगना’ से साबित कर दिहलन कि राजीव दिनकर पर पूरा भरोसा कइल जा सकेला. ‘लाट साहब’ में जहां राजीव दिनकर टपोरी टाईप के कॉलेज ब्वाय क भूमिका में रहलें ओहिजे ‘बलिदान’ में बागी नायक क भूमिका में देखे वालन के दिल जीत ले गइलन. ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में लवर ब्वाय बनल राजीव दिनकर हंसावत-हंसावत लोट पोट कर देत रहलें. फिल्म ‘सुगना’ में एगो मजबूर भाई, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ में एगो ज़िम्मेदार भाई आ ‘कबहू छूटे ना ई साथ’ में एगो रिक्शा ड्राईवर बनल अपना हर किरदार में जान दिहले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586