सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा शुभी शर्मा का लगे एह घरी फिलिमन के लमहर कतार लागल बा, एहमें प्रवेश लाल यादव स्टारर ‘टाईगर’, पवन सिंह स्टारर ‘वीर बलवान’ आ ‘बनारस वाली’ पोस्ट प्रोडक्शन के आखिरी चरण में बा. दू गो फिलिम के शूटिंग गुजरात के लोकेशनन पर कइल जा रहल बा. एह में निर्माता सूर्या आ निर्देशक बाली के फिलिम ‘चरणों की सौंगन्ध’ आ निर्माता अनिल सिंकर के फिलिम ‘हम हैं जोशिले’ शामिल बा. दुनु फिलिमन के नायक खेसारीलाल यादवे बाड़न. एकरे अलावे शुभी शर्मा निर्माता अभय सिन्हा के एगो अउर फिलिम करत बाड़ी जवना के नाम अबहीं नइखे रखाइल.
(प्रशांत निशांत)