pub-4188398704664586

संगीता तिवारी ने धूमधाम से मनवली आपन जन्मदिन

by | Aug 20, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सितारन के आपन जन्मदिन मनावे के परंपरा आम तौर पर नइखे रहल. कबहिये कभार कवनो सितारा आपन जन्मदिन धूम धाम से मनावेला. लेकिन भोजपुरी फिल्म जगत के चर्चित अभिनेत्री संगीता तिवारी पिछला साल का तरह एहू साल आपन जन्मदिन धूम धाम से मनवली.
१४ अगस्त के मुंबई का कंट्री क्लब में आयोजित एह समारोह में भोजपुरी फिल्म जगत के कई नामी गिरामी अभिनेता, निर्माता निर्देशक आ तकनीशियन उनुका के बधाई देबे चहुँपले. देर रात समारोह खतम होखत होखर रविओ किशन चहुँप गइले. रवि किशन के अलावा सुदीप पाण्डेय, संजय सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, अनिल नागरथ , स्मृती सिन्हा, अक्षरा, कृषा खंडेलवाल, सुनीता तिवारी, अजय श्रीवास्तव, अरविन्द चौबे, मुकेश देव, दीपक तिवारी, राजेश भट्ट, भूपेश त्यागी, पप्पू खन्ना, रिक्की गुप्ता समेत बहुते जानी मानी हस्ती एह समारोह में आपन मौजूदगी देखावल. महुआ के डांस शो नाच नचैया धूम मचैया के निर्देशक अशोक सिंह, आ क्रिएटिव हेड आनंद श्रीवास्तवो मौजूद रहले.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586