संजय पांडे बढ़वले आपन वजन

by | Aug 6, 2011 | 0 comments

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अपना अगिला फिल्म ‘ट्रक ड्राइवर’ खातिर आपन लुक बदल लिहले बाड़न. एह फिल्म में संजय पांडे खूब मोट नजर अइहन. ‘ट्रक ड्राइवर’ बाड़न त मोट होखबे करीहे. निर्देशक राजकुमार पांडे का दिशा निर्देश पर संजय पांडे एह फिल्म खातिर आपन वजन बढ़वले.

हाल ही में भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड में बेस्ट खलनायक चुनल गइल संजय पांडे हालही में ‘ट्रक ड्राइवर’ के शूटिंग बिहार के हाजीपुर में कइले. अपना लुक का बारे में संजय बतवले कि निर्देशक राजकुमार पांडे जी उनुकर जवन लुक एह फिल्म में रखववले बाड़े ऊ सभका के चउँका दी. नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ नंबर वन निर्देशक राजकुमार पांडे के टीम नौंवाँ बार ‘ट्रक ड्राइवर’ में जुटल बा. एहसे पहिले ई जोड़ी 9 हिट गो फिल्म ‘कहिया डोली ले के अईबा’, ‘सात सहेलियां’, ‘देवरा बड़ा सतावेला’, ‘दुश्मनी’, ‘दिवाना’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘नाग नागिन’ अउर ‘लहरिया लूटऽ ए राजा जी’ दे चुकल बा.
हिट पर हिट फिल्में देने में माहिर संजय पांडे, राजकुमार पांडे का अलावे कई गो दोसरो दिग्गज निर्माता निर्देशकन का साथे काम करत बाड़न जवना में दुर्गा प्रसाद, जितेश दुबे, जे.पी. सिंह जइसन नाम प्रमुख बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up