Rani-no786मां कृष्णा फिल्म्स (अमिताभ गुंजन चुन्नू) के प्रस्तुत कइल आ आस्था आर्ट फैजान हीना फिल्म प्रोडक्शन अउर लखन फिल्म इंटरनेशनल के बनावल भोजपुरी फिलिम ’रानी नं 786’ के आडियो सरगम ऑडियो रिलीज करी. एह फिलिम में सुपर अभिनेत्री रानी चटर्जी मुख्य भूमिका में बाड़ी. सरगम पर रिलीज होखे वाला ई पहिलका आडियो होखी कवनो भोजपुरी फिलिम के.हालांकि सरगम मैथिली फिलिम “काजर” के आडियो रिलीज कर चुकल बा. एकरा अलावे भोजपुरी के चर्चित गायक गायिकन जइसे कि छोटू छलिया, इंदू सोनाली, तप्ति शाक्या समेत अनेके कलाकारन के नाहियो त डेढ़ सौ ऑडियो विडियो सरगम पर रिलीज हो चुकल बा.

’रानी नं 786’ में दस गो गीत बा. सुने में नीक लागत एह गीतन के गीतकार फणीन्द्र राव आ संगीतकार मधुकर आनंद हउवें. आवाज बावे उदित नारायण, इंदू सोनाली, कल्पना, गुडडू रंगीला, रेखा राव आ मधुकर आनंद के.

फिलिम निर्माता रिजवी अहमद रिंकु आ पराग शर्मा अउर निर्देशक संजीव बोहरपी आ संदीप तिवारी हउवें. निलाभ तिवारी आन लाइन प्रोड्यूसर रहले.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

By Editor

6 thoughts on “सरगम ऑडियो करी रानी नं 786 के म्यूजिक रिलीज”
  1. 1राना दिवाना भईल तोहरा रुप के ,जहँवा तहँवा देखेला छुप छुप के.कइसे सम्भरबु जवानी ए रानी लुटेरा भईल आज देखिँ छाँव धूप के। भोजपुरी उत्थान मंच 08896125767,09125724399

  2. हमरी आँख के कजरा तु तोहरे से आँख के आँसू , तु ना रहतु त जिनगी के आस ना रखती, तु हिँ सावन बहार धरती बदरा बाटू।08896125767 शो के खातिर सम्पर्क करीँ।

  3. मईया महान जहान तोहके जानेला लूला त लूला लंगड़ा अन्हरो भी पहचानेला।ए मईया हमरो पर किरपा बरसा देतु,आइके दुवार ठाढ़ “राना” कुछ मागेला।08896125767

  4. जय भोजपुरी ए साहब जी फिल्म मेँ हमरो के गीत लिखे के मौका देहब जा त बड़ी किरपा होई,काहेँकि हमरा पास आपन धुन के साथ कई सौ गीत मौजूद बा। राना रंजीत बासु भोजपुरी उत्थान मंच ढढ़नी गाजीपुर उ.प्र. MO.N.09125724399,08896125767

Comments are closed.

%d bloggers like this: