मनोज तिवारी, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पवन सिंह आ खेसारीलाल यादव जइसन गायकन के सफल नायक बनला का बाद अब बारी बा मोहन राठौड़ के. महुआ टीवी के सुरसंग्राम के विजेता रहल आ निकहा लोकप्रियता बटोरे वाला गायक मोहन राठौड़ अब पहिला हालि कवनो फिलिम में मुख्य नायक बन के आवत बाड़े.
नायक बनल मोहन राठौड़ के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘लव यू सजना’ बिहार के सिनेमाघरन में 27 जुलाई से रिलीज भइल बा. एह फिलिम में मोहन के किरदार कॉलेज स्टूडेंट के बा आ उनुकर नायिका बनल बाड़ी सुमन झा.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)