कैमरामैन से निर्माता-निर्देशक बनल ज्ञान सहाय के फिलिम ‘का उखाड़ लेबा’ दिवाली पर रिलीज होखे वाली बा. एकरा पहिले ज्ञान सहाय फिल्म ‘बैरी पिया’ के निर्देशन कइले रहलें जवना में आजु के चर्चित अभिनेत्री पाखी हेगड़े के ब्रेक दिहले रहलें. हाल ही में ज्ञान सहाय से बात करे क मौका मिलल त उनुका नइकी फिलिम का बारे में कूछ बातचीत भइल. रउरो पढ़ीं –
‘का उखाड़ लेबा’ कइसन फिलिम हवे ?
ई फिलिम दू गो भाईयन के आपसी प्रेम देखावत बा. एहमें सात गो गाना बा जवना के राजेश मिश्रा लिखले बाड़न आ नागेन्द्र संतोष संगीत से सजवले बाड़न. एह फिल्म में नवोदित साहित्य सहाय, युक्ति कपूर, आगस्तय जैन, नीतू चौधरी, शशि सहाय, लिलीपुट, किशोर भानुशाली, राजीव खन्ना, आदिल, विशाल कुमार, मिथिलेश कुमार आ राकेश पाण्डे के खास भूमिका बा. फिलिम में रोमांस, एक्शन, सस्पेंस का संगही चटकार कामर्शियल मसाला बा.
आप पूना के एफटीआईआई से सिनेमैटोग्राफी के कोर्स अनेके जानल मानल फिल्मकारन संग कइनी. रउरा ला ई सफर कतना आसान रहल ?
हम कबो सपना का पाछा ना भगनी. हमार मानना ह कि राउर काम बोलेला. बतौर कैमरामैन ‘कालचक्र’, ‘हम फरिश्ते नहीं’, ‘असम्भव’ वगैरह फिलिम कर के हम छोटका परदा ओर मुड़ गइनी. ओहिजा हम ‘देख भाई देख’, ‘कभी ये कभी वो’, ‘दाल में काला’, ‘हक्के बक्के, ‘इधर उधर वगैरह अनेके धारावाहिको में कैमरामैनी कइनी. जवना घरी हम पूने इंस्टीट्यूट में कोर्स करत रहीं ओही घरी हमरा बैच में नसीरुद्दीन शाह, रामेश्वरी, शक्ति कपूर, मुकेश खन्ना आ शशि सहाय रहली. शशि से हमरा प्यार हो गइल आ हमनी का शादी कर लिहनी. साहित्य सहाय हमनिए के बेटा ह.
रउरा त हमेशा नया कलाकारन के प्रमोट करत आइल बानी जवना में से एगो पाखीओ हेगड़े हई. एह लोग संगे काम कइल कतना कठिन भा आसान रहल ?
नया कलाकारन संग काम करके हमरा हमेशा खुशी आ संतुष्टि मिलल. जब हम ‘बैरी पिया’ ला कलाकार छाँटत रही ओह समय पाखी हेगड़े के एगो धारावाहिक ‘एअर होस्टेट-मिस इंडिया’ दूरदर्शन पर देखनी जवना में ऊ हमरा बहुते अद्भुत आ खूबसूरत लड़की लगली आ हम उनुका के अपना पहिला भोजपुरी फिलिम ला अप्रोच कइनी त ऊ तुरते तइयार हो गइल. पाखी ओहमें बहुते मेहनत से काम कइली. बावजूद एहके नयका कलाकारन संग काम कइल ना सिरिफ मुश्किले होला बलुक बहुते चुनोतीओ देला.
राउर बेटा साहित्य सहाय ‘का उखाड़ लेबा’ से अपना कैरियर के शुरुआत करत बा. ओकरा ला रउरा भोजपुरीए फिलिम काहे चुननी ?
हमरा ला भोजपुरी भा हिन्दी फिल्म बनावे में कवनो अंतर ना लागे, हम उहे करेनी जवना से हमरा संतुष्टि मिले. वइसे देखल जाव त हिंदी सिनेमा का बाद भोजपुरिए के सबले बड़हन मार्केट बा. आ इहो नइखे कि हमार बेटा पहिला बेर कैमरा का सोझा आइल बा. एहसे पहिले ऊ धारावाहिक ‘नन्हीं सी कली मेरी लाडली’ में काम कर चुकल बा. दूरदर्शन पर डांस शो ‘क्रेजी किया रे’ में ऊ एंकरिंगो कइले बा. इंडियन टेलीविजन एकेडमी का तरफ से ओकरा के बेस्ट एंकर खातिर नामांकितो कइल रहें.
अपने बेटा संग काम कइल कतना अलग रहल आप ला ?
ऊ हमेशा हमरा साथे सेटे पर रहत रहे आ ओकर पूरा ध्यान अपना काम पर रहत रहे. साहित्य का अलावे तीन गो अउर प्रतिभावान कलाकार अगस्तय जैन, युक्ति कपूर आ नीतू चौधरीओ रहली एह फिलिम में. लिलिपुट, किशोर भानुशाली, राकेश पाण्डे, राजीव खन्ना, विशाल अउर मिथिलेशो के किरदार खास बा हमरा फिलिम में. हम पूरा फिलिम के शूटिंग 24 दिन में रामोजी राव स्टूडियो आ गुजरात के उमरगांव में पूरा कर लिहनी.
(समरजीत)