होली पर रिलीज़ होई कईसन पियवा के चरित्तर बा

by | Feb 21, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के एह साल के सबले चर्चित फिलिम “कईसन पियवा के चरित्तर बा” के होली का शुभ मौका पर पूरा भारत में एके साथ रिलीज कइल जाई. बिहार में एकरा के हिन्दी फिलिमन के जानल मानल वितरक माँ सोना फिल्म्स रिलीज़ करत बिया त मुंबई में भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन वितरक प्रदीप भईया.

भोजपुरी सिने उद्योग में चर्चा का विषय बन रहल एह फिल्म पर भोजपुरी के दिग्गजन के निगाहें लागल बा. काहे कि विविधता भरल एह फिल्म में जहाँ भोजपुरिया सुपर स्टार रवि किशन के दर्जनों रूप नज़र आई ओहिजे मनोज पाण्डेय के एक्शन लोग के आकर्षित करी. भोजपुरिया दर्शकन के रानी अदाकारा रानी चटर्जी रवि किशन से नैन मटक्का करीहें त केक अंजना सिंह मनोज पांडे का साथे. एह लोग का अलावे फिलिम में शक्ति सिंह, संजय पाण्डेय, अयाज़ खान अउर हितेन पाण्डेय दुनु नायकन के हेकड़ी ठंढा करे का जुगत में लागल रहीहें.

माँ विन्ध्वासिनी विजन प्रस्तुत निर्मात्री नेहा तिवारी के एह फिल्म के निर्देशक हउवें संतोष मिश्रा जिनका खाते भोजपुरी के सबले बेसी हिट फिलिमन के लिखनाई जुड़ल बा. “कईसन पियवा के चरित्तर बा” के एगो अउरी मजबूत पक्ष बावे एकर संगीत जवना के रचले बाड़न मधुकर आनंद. एक्शन, इमोशन, रोमांस आ रोमाच से सजल एह फिल्म का बारे में रवि किशन के कहना बा कि सिनेमा भोजपुरी के तिसरका दौर में सफल भइल फिलिमन का अगिला पाँत में ई फिलिम रहे वाली बिया.

बहरहाल होली के रंग का संग लोग बेसब्री से जानल चाही कि कईसन पियवा के चरित्तर बा.


(उदय भगत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up