11-11-11 से ‘प्राण जाई पर वचन न जाई’

by | Nov 8, 2011

भोजपुरी फिल्म ‘प्राण जाई पर वचन न जाई-एक वादा’ एगो रिकार्ड बनावे वाली बा. ई 11-11-11 के बिहार में रिलीज होखी आ एकर प्रीमियर शो 11 नवंबर 2011 के ठीक 11 बजके 11 मिनट पर होखी, भोजपुरी फिल्मिन के प्रेमी दर्शक अपना सुपर स्टार रवि किशन के एह फिल्म में देखीहें. तीन तीन गो अभिनेता अभिनेत्रियन का बीच एह फिल्म में मुख्य भूमिका करेवाला रवि किशन निगेटिव किरदार में बाड़ें. हालांकि इंटरवल का बाद उनुकर भूमिका सकारात्मक हो जाई.

धर्म नगरी काशी का पृष्ठभूमि पर बनल एह फिल्म में सगरी दृश्य बनारसे के बा. लगभग सवा करोड़ लगा के बनल एह फेमिली ड्रामा में ‘साढ़े तीन बजे मुन्नी ज़रूर मिलना’ जइसन मसालेदार आइटमो सांग ना जे फिल्म के रिलीज से पहिलहीं से धूम मचवले बा. मुख्य कलाकार रवि किशन, राजीव दिनकर, निजाम खान, अक्षरा, महक, खुशी सिंह, नीलिमा, जफर खान, विजय बहल, अशोक सेठ, राजेश तोमर, शिवा वर्मा, राजेश सिंह, अरविंद श्रीवास्तव का साथे आइटम गर्ल सपना आ रूबी सिंह बाड़ी.

निर्देशन के.डी. के, छायांकन फिरोज खान के, एक्शन मास्टरी मसूद पटेल के, संगीत राजेश-रजनीश के आ गीत विनय बिहारी के बा. निर्माता महिपालदास गुप्ता के कहना बा कि एह फिल्म के अधिकतर कलाकार बनारस से बाड़े आ एहिजा शूटिंग करावे के मकसद रहे एहिजा के कलाकारन के प्रमोत कइल. निर्माता गु्प्ता के पूरा उमेद बा कि फिल्म के आइटम नंबर से फिलिम के बढ़िया कमाई होखी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up