मशहूर भोजपुरी नायिका रिंकू घोष के जलवा अबकी 15 अगस्त से बिहार के सिनेमाघरन में डबल बोनांजा बन के छाए वाला बा. ओह दिन उनुकर दू गो फिलिम रिलीज होखीहें सँ आ दुनु एक से बढ़ के एक. को बड़ छोट कहत अपराधु. ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में मनोज तिवारी के नायिका बनल आ ‘रखवाला’ में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के नायिका बनल बाड़ी रिंकू घोष.

रिंकू घोष के कहना बा कि दुनु फिलिम लाजवाब बाड़ी सँ. ‘रखवाला’ में रिंकू घोष बहुते चुलबुल आ झमकदार गुड़िया बनल बाड़ी जे शादी का बाद एगि जिम्मेदार पत्नी के किरदार निबहले बाड़ी. निरहुआ संगे रिंकू पिछला बेर फिल्म ‘मृत्युंजय’ में आइल रही आ ऊ फिलिम सुपर डुपर हिट भइल रहे. रिंकू घोष के साथ ‘बिदाई’ जइसन सुपर हिट फिल्म देबे वाला असलम शेख एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

 297 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: