भोजपुरी सिनेमा के पारिवारिक, रोमांटिक अउर एक्शन भरल फिल्म ‘सुगना’ बिहार में 18 नवम्बर से जलजला ले आवे वाली बा. एकरा के 18 नवम्बर से बिहार के पचास से बेसी सिनेमा घर में एके साथ रिलीज होखी ब्राउन आई इंटरटेनमेंट के बैनर तले एह भोजपुरी फिल्म ‘सुगना’ के निर्माण आ निर्देशन अजय ओझा कइले बाड़न. ‘सुबह होने तक’ अउर ‘सनम हम आपके हैं’ जइसन सफल हिन्दी फिल्म बना चुकल अजय ओझा अपना पहिलका भोजपुरी फिल्म से बहुते उत्साह में बाड़न. एह फिल्म ‘सुगना’ में मुख्य नायक बाड़े आदित्य ओझा आ राजीव दिनकर. एगो प्रेम कहानी होखला का बावजूद फिल्म एक्शन से भरल बा. आदित्य ओझा के कहना बा कि ‘सुगना’ भोजपुरी दर्शकों के सोच बदले वाली सार्थक अउर मनोरंजक फिल्म बावे. वास्तविक लोकेशनन पर फिल्मावल ‘सुगना’ में हिंदी सिनेमा के चर्चित चेहरा प्रमोद माउथो खलनायक का भूमिका में बाड़े. फिल्म के गाना ‘नदिया के पार’ फिलिम के याद दिलाई. एगो भठियारा पुलिस अधिकारी के भूमिका में गोविंद खत्रीओ आपन जलवा देखइहन एह सुगना में. नायिका बाड़ी नवोदित काजल राघवानी आ कल्पना शाह. साथ में बाड़े विजय सिंह, रंजीत सिंह, अभिषेक अरुण अउर दीपक तिवारी. एकर शूटिंग छपरा आ मुंबई में कइल गइल बा. फिल्म में सीमा सिंह के आयटम नंबर पहिलहियें लोकप्रिय हो गइल बा.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)
256 total views, 2 views today