बॉक्स ऑफिस पर कई एक हिट फिलिम दे के टिकट ब्लैकियरन के चाँदी कराए वाला स्टाईलिश भोजपुरी स्टार प्रवेशलाल यादव अपना चर्चित एक्शन फिल्म फिलिम ‘हीरो’ में खुद परदा पर टिकट ब्लैकियर के भूमिका कइले बाड़ें. एह फिल्म ‘हीरो’ के 29 जून से बिहार, झारखण्ड आ यु.पी. के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड प्रस्तुत ‘हीरो’ में प्रवेश के जोड़ी शुभी शर्मा के साथे बा. निर्माता-निर्देशक जी. सुब्बाराव हउवें. साथी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, नीलम आ सत्यप्रकाश के खास भूमिका बा. गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार जबकि संगीत दिहले बाड़न राजेश रजनीश. ऑडियो वीनस पर जारी भइल बा.

प्रवेशलाल यादव के उम्मीद बा कि ‘हीरो’ से बॉक्स ऑफिस पर उनुकर पहचान बन जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

 297 total views,  10 views today

By Editor

%d bloggers like this: