3 फरवरी से देखावल जाई भोजपुरी की सबले महंग फिल्म ‘‘खून पसीना’’

by | Feb 1, 2012 | 0 comments

भोजपुरी में अबले के सबले महंग फिल्म ‘‘खून पसीना’’ 3 फरवरी से बिहार के 70 से अधिका सिनेमाघरन में देखावल जाई. निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा. लि. के प्रस्तुति आ शिव फिल्मस् के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माण हिन्दी फिल्म ‘‘दिल दिया है’’ आ ‘‘आशिक बनाया आपने’’ के निर्माता बाला भाई कइले बाड़न. निर्देशन कइले बाड़ै भोजपुरी के नं. 1 निर्देशक रामाकांत प्रसाद. बतावल जात बा कि फिल्म अढ़ाई करोड़ रुपिया लगा के बनावल गइल बा.

खून पसीना में भोजपुरी सिनेमा के दू गो सबले बड़ सुपरस्टार दिनेशलाल निरहुआ आ पवन सिंह के जोड़ी बा. फिल्म में खतरनाक एक्शन स्टंट के भरमार बा आ एक से बढ़िके एक भव्य सेट देखे के मिली दर्शकन के. एह फिल्म का जरिये पहिला बेर भोजपुरी फिलिम में अत्याधुनिक तकनीक आ ग्रॉफिक्स के इस्तेमाल कइल गइल बा. एह फिल्म के सफलता खातिर पूरा भोजपुरी इंडस्ट्री आशावान बा.

“खून पसीना” के कहानी दू गो दोस्तन के ह, जे अपना-अपना मंजिल पावे खातिर अलग-अलग राह पर चल देत बाड़े. फिल्म में पाखी हेगड़े, मोनालिसा दू गो नायिका बाड़ी सं आ प्रियो शर्मा के लटका-झटका देखे के मिली. साथ में अनिल यादव, बिपिन सिंह, हीरा यादव, वंदनी मिश्रा, विनोद मिश्रा, नीरज राज पौडेल आ ब्रजेश त्रिपाठी प्रमुख भूमिका में बाड़े. गीत अशोक कुमार दीप, बिनय बिहारी आ प्यारे लाल यादव के लिखल आ संगीत अशोक कुमार दीप के ह.

फिल्म के निर्देशक रामाकांत प्रसाद के अनुसार “खून पसीना” एगो कंपलीट एक्शन पैक्ड फिल्म हवे जवन तीन घंटा ले दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up