rinku-ghosh-tभोजपुरी के प्रमुख टीवी चैनल अंजन टीवी का तरफ से साल २०१३ के नंबर वन नायिका रिंकू घोष, नंबर वन खलनायक संजय पांडे, सर्वश्रेष्ठ एक्शन स्टार विराज भट्ट, बेस्ट सपोर्टिंग एक्ट्रेस गुंजन पंत आ बेस्ट आयटम डांसर सीमा सिंह के चुनल गइल बा.

रिंकू घोष, संजय पांडे आ गुंजन पंत के फिलिम “कोठा” में ओह लोग के किरदारन खातिर चुनल गइल.

नंबर वन नायक चुनइले खेसारीलाल यादव अपना फिलिम “बलमा बिहार वाला” बदे.

अंजन टीवी का हिसाब से साल के सर्वश्रेष्ठ फिलिम रहल आदि शक्ति के परोसल फिलिम “वर्दी वाला गुण्डा”.

विपिन सिंह के फिलिम “प्रतिघात” के किरदार ला सर्वश्रेष्ठ सर्पोटिंग एक्टर, मनोज टाईगर के फिलिम “सपूत” के किरदार ला बेस्ट कामेडियन, फिलिम “मरते दम तक” ला सीमा सिंह के बेस्ट आयटम डांसर, फिलिम “कसम वर्दी के” का किरदार ला विराज भट्ट के सर्वश्रेष्ठ एक्शन स्टार, फिलिम “रानी नं. ७८६” के किरदार ला बेस्ट एक्शन नायिका रानी चटर्जी, फिलिम “रखवाला” ला बेस्ट निर्देशक असलम शेख के चुनल गइल.

अंजन टीवी का ओर से बेस्ट लोक गायक पवन सिंह के आ बेस्ट लोक गायिका देवी के चुनल गइल बा.

बेस्ट जोड़ी चुनाइल अंजना सिंह आ यश के फिलिम “राजा जी आई लव यू” के जोड़ी ला.

रिंकू घोष, विराज भट्ट, सीमा सिंह, गुंजन पंत आ सीमा सिंह के सर्वश्रेष्ठ चुनइला प सबे ओह लोग के बधाई दिहल आ अंजन टीवी के धन्यवाद.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
(३१ दिसंबर १३)

 201 total views,  4 views today

By Editor

%d bloggers like this: