AnjaliShrivastav3अंजली श्रीवास्तव नया साल के शुरुआत में भोजपुरी फ़िलिम “अब होई बगावत” साइन कइले बाड़ी. शिव दीप फिल्म्स के बैनर में बने जात एह फिलिम के निर्माता निर्देशक राम सूरत प्रजापति हउवन. केद्रीय भूमिका में अंजली श्रीवास्तव का साथे रहीहें अविनाश शाही, प्रिया शर्मा अउर दीप नारायण. फिलिम के शूटिंग जल्दिए शुरू होखी.

इहो जान ली कि अंजली श्रीवास्तव के भोजपुरी फ़िलिम “कच्चे धागे” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एकर नायक बाड़न खेसारी लाल यादव. निर्माता अनिल कुशवाहा, निर्देशक मंजुल ठाकुर. अंजली एह में बतौर अभिनेत्री नज़र अइहें, फिलिम में इनकर किरदार दर्शकन के खूब नीक लागी. एह सादगी भरल नूरानी चेहरा आ बिन्दास हँसी के दीवाना हो जइहे देखे वाला.

अबले अंजली के रिलीज हो चुकल फिलिमन में संगीत कुमार निर्देशित “दम होई जेकरा में ऊहे गाड़ी खूंटा” आ मंजुल ठाकुर निर्देशित “लहू के दो रंग” शामिल बाड़ी सँ. फ़िल्म फेस्टिवल ला बनल “धानी का डी जी कैम” हिंदी फिलिमो में अंजली के मजगर किरदार बा.


(रामचंद्र यादव)

 219 total views,  3 views today

By Editor

%d bloggers like this: