भोजपुरी फिल्मों कि चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह के दर्शकन का तरफ से साल २०१३ के बेस्ट अभिनेत्री के अवार्ड दिहल गइल, एह साल रिलीज अक्षरा सिंह के सगरी फिलिम असरदार रहली स आ उनुका प फिलिमावल गानो खूब हिट भइली सँ. उनकर फिलिम देखेला दर्शकन के उछाह देखे जोग रहल.
एह बारे में अक्षरा सिंह के कहना बा कि “दर्शकन के जजमेंट संगे ओह लोग के दिल आ प्यारो रहल. ओह लोग के लागल कि इ सम्मान अक्षरा के मिले के चाहीं से दर्शक हमरा के बेस्ट अभिनेत्री चुन लिहले. पहिले हम दर्शकन के मनोरंजन खातिर काम करत रहीं अब ओहलोग के नेह छोह पा के ओह लोग के ऋणी हो गइनी. शुक्रिया दर्शक लोग!”
एह साल २०१४ में अक्षरा सिंह के प्रदर्शित होखे वाली फ़िलिमन में “प्रतिज्ञा २”, “बेताब”, आ “ठोक देब” बाड़ी सँ जवना ला दर्शक तिकवत बाड़े. इ फिलिम भोजपुरी इंडस्ट्री के बड़ बजट आ बड़का बैनरन के हई सँ.
(रामचंद्र यादव)
(२९ दिसंबर १३)
157 total views, 1 views today