manoj-ravi-dabang-teamपिछला दिने वीर मराठी जइसन बरियार टीम के ओकरे सरजमीं प हरा के वाहवाही बिटोरत भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम “भोजपुरी दबंग” अब चेन्नई में बंगाल टाईगर से टकराई,

सेलीब्रेटी क्रिकेट लीग के सीजन चार में होखे वला भोजपुरी दबंग आ बंगाल टाईगर के इ टक्कर चेन्नई में २ फरवरी के होखे वाला बा.

भोजपुरी दबंग के मालिक हउवे केबीजे ग्रूप के मालिक आ इंडियन बुलियन एंड ज्वैलर्स एसोशिएशन के अध्यक्ष मोहित कंबोज. कप्तान मनोज तिवारी आ उप कप्तान दिनेश लाल यादव निरहुआ. टीम के खिलाड़ियन में शामिल बाड़े रविकिशन, प्रवेश लाल यादव, विक्रांत सिंह, उदय तिवारी, प्रकाश जैस, आदित्य ओझा, सुशील सिंह, अयाज खान, जय यादव, वैभव, विकास सिंह अउर सुर्या. कोच हउवे संतोष सिंह.

बंगाल टाईगर के मालिक हउवन निर्माता निर्देशक बोनी कपूर, उनकर पत्नी श्रीदेवी आ अभिनेता अर्जुन कपूर. बंगाल टाईगर के कप्तान हउवन जिस्सू. बंगाल टाईगर के ब्रांड अंबेस्डर बाड़ी अभिनेत्री रायमा सेन आ पायल सरकार.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 323 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: