Khesari_Akshara_Betaab
अभिनेता सन्नी दियोल के सुपरहिट फिलिम “बेताब” ले कामयाबी के लंमहर अरसा बाद भोजपुरी में “बेताब” देखे के मिले वाला बा.

एह भोजपुरी फिलिम मे सन्नी दियोल त नइखन बाकिर भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव जरुर बाड़े एह में आपन जलवा देखावत.

आदिशक्ती इंटरटनेमेंट आ खुशी इंटरटेनमेंट प्रोडक्शन्स के परोसल एह फिलिम के निर्माण पायल इंटरटेनमेंट के बैनर मे स्वामी जी, अनुज कुमार आ कृषन्ना कुमार करत बाड़े. निर्देशक बाड़े सनोज मिश्रा आ अजय कुमार झा. कार्यकारी निर्माता महेश कुमार उपाध्याय, कहानी,पटकथा अउर संवाद लेखक अरविन्द तिवारी, गीतकार कृष्ना बेदर्दी, विभाकर पांडे, आजाद सिंह अउर अरविन्द तिवारी, संगीतकार घुघंरू, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी अउर रामदेवन, मारधाड़ निर्देशक हीरा लाल यादव, संपादक गुरजंत सिंह आ कैमरामैन नीतू इकबाल सिंह हउवे.

मुख्य कलाकारन मे सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, सेक्सी बम अक्षरा सिंह, कृषन्ना कुमार, प्रिया शर्मा, किरण यादव, अभिलाषा, समर्थ चतुर्वेदी, संजु सोलंकी, अभय राय, श्रृद्ध मिश्रा, युगनाथ पांडे, एकबाल राजभर, बबलू खान, देव सिंह, अनुप अरोड़ा आ उमेश सिंह शामिल बाड़े. डांसिग क्वीन सीमा सिंह का साथ ही ग्लोरी के आयटम नंबरो बा.

पुरनका बेताब से एह फिलिम के नाम छोड़ कुछउ नइखे मिलत. इ फिलिम सन्नी दियोल के फिलिम से एकदमे अलगा बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: