Ravi Kishan doing a stage show at Muzaffarpur, Bihar
भोजसिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन आजुकाल्हु यूपी बिहार में अपना स्टेज शो के जलवा देखा रहल बाड़े. जर्मनी के एगो कंपनी रविकिशन के आपन ब्राण्ड अम्बेसडर बनवले बिया आ ओहि कंपनी के उत्पाद के प्रचार प्रसार खातिर पिछला एक महीना में रविकिशन के करीब एक दर्जन स्टेज शो करावल गइल. कवनो अभिनेता के एक महीना में भइल ई सबले बेसी शो बा.

वइसे त भोजपुरी का दुनिया में गायक लोग के शो के माँग बेसी होला बाकिर रविकिशन अपना अदाकारी से स्टेज पर कुछ अइसन जलवा बिखेर दिहलन कि अब कई गो कंपनी उनका के आपन शो के आफर देले बाड़ी सँ आ उहो ढेरे ऊँच दाम पर. कई गो बहुराष्ट्रीय कंपनी बिहार यूपी खातिर रविकिशन के आपन ब्राण्ड अम्बेसडर बना लिहले बाड़ी सँ आ उहो उनका के शो खातिर अलगा से मुँहमाँगल दाम दे रहल बाड़ी सँ.

पिछला दिने भइल शो में यूपी के लखनऊ, आजमगढ़ समेत बिहार के मुजफ्फरपुर, गया, छपरा वगैरह जगहन पर रविकिशन के शो देखे खातिर लाखों लोग के भीड़ उमड़ल. मुजफ्फरपुर में त भीड़ सम्हारे खातिर अतिरिक्त पुलिस बल बोलावे पड़ल. रविकिशन कहत बाड़े कि ऊ कबहिये कभी शो करत रहले हँ बाकिर शो देखिये के पता चलल कि उनकर प्रशंसक उनका के कतना चाहेलें.


(स्रोत : उदय भगत )

Loading

One thought on “अब स्टेजो शो में रवि के जलवा”

Comments are closed.

%d bloggers like this: