पिछला दिने अभिनेत्री सीमा सिंह अजमेर के ख़्वाजा मोईनुद्दीन चिश्ती के दरगाह पर जियारत करे गइल रही. भोजपुरी सिनेमा समेत बॉलीवुड, बंगला, राजस्थानी, मराठी अउर हरियाणवी सिनेमा में आपन एगो निकहा पहिचान बना चुकल सीमा सिंह ख़्वाजा मोईनुद्दीन चिश्ती के दरगाह जा के माथा टेकली आ अपना आवेवाली फिलिमन ‘जानी दुश्मन’, ‘कसम वर्दी के’, ‘सैंयाजी दिलवा मांगे ले’ के सफलता के दुआ मँगली.
एह बारे में बतावत सीमा सिंह कहली कि आजु ऊ ख्वाजा के रहमे करम से एह मुकाम ले चहुँपल बाड़ी. साल 2007 में जब उनकर सितारा गर्दिश में चलत रहुवे तब एगो हमदर्द के सलाह पर ख्वाजा के ज़ियारत करे गइल रही आ मन्नत मँगले रही कि एह जहान में उनुका के लोग उनुका नाम आ काम दुनु से जाने. ख़्वाजा के इनायत से फिलिम ‘कहां जईबऽ राजा नजरिया लड़ाई के’ नसीब भइल आ तब से फेरु पीछे मुड के ना देखे पड़ल. एही से हर साल ख़्वाजा के दरबार में हाजिरी लगावे आवत रहेली.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
223 total views, 2 views today