मशहूर अभिनेत्री सुप्रेरणा सिंह के मँगनी पिछला दिने रियल स्टेट व्यवसायी शुभम द्विवेदी संगे भइल.
उत्तर प्रदेश के कानपुर का रायल क्लेस में 16 नवम्बर का साँझे बरिच्छा, रिंग सेरेमनी आ गोद भराई के रस्म विधिवत मंत्रोच्चार संगे करावल गइल. एह मंगल बेला में सुप्रेरणा सिंह के पिता धर्मपाल सिंह, माता शोभा सिंह, मशहूर नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी समेत अनेके लोग मौजूद रहे भावी वर-वधु के आशीर्वाद देबे ला.
इलाहाबाद के मूल निवासी सुप्रेरणा सिंह साल 2006 में मिस इलाहबाद चुनाइल रही. इनकर पिता कानपुर विकास प्राधिकारी हउवें आ माता जर्नलिस्ट रहली. खुद सुप्रेरणा सिंह भोजपुरी, तमिल, तेलगु, बंगाली फिलिमन में अभिनय का संगही आपन पढ़ाईओ करत बाड़ी.
दिसंबर में सुप्रेरणा कलकत्ता में एगो बंगला फ़िलिम के शूटिंग करइहें. शादी के दिन 14 फ़रवरी धराइल बा आ बतावल जात बा कि बिआह का बादो फिलिमन में अभिनय करत रहीहें.
चलीं उनका सुखमय वैवाहिक जीवन ला मंगल कामना कइल जाव.
(रामचंद्र यादव)
132 total views, 1 views today