भोजपुरी सिनेस्टार नायक आ जनता के लाडला गायक अरविन्द अकेला ’कल्लू’ के जन्मदिन का खुशगवार मौका पर वाराणसी के नटराज रिकॉर्डिंग स्टूडियो में माँ भगवती के असीम कृपा से देवीगीत के रिकार्डिंग क के हॅसी खुशी मनावल गइल. एह मौका पर अरविन्द अपना पिता का साथे-साथ वेव म्यूजिक कंपनी के प्रसिद्ध गायिका आ अभिनेत्री निशा दूबे, गीतकार आ लेखक आर आर पंकज, अमित पाण्डेय, संगीतकार आशीष वर्मा, अरविंद मिश्रा समेत अनेके लोग से आशीष लिहले.
गौरतलब बा कि माँ सरस्वती के आशीर्वाद आ प्रशंसकन के प्यार के बदौलत अरविन्द अकेला ‘कल्लू’ के कदम कामयाबी आ बुलंदी का तरफ लगातार बढ़ल जात बा. पिछला 11 जुलाई से बिहार झारखण्ड में रिलीज कल्लू के केन्द्रीय भूमिका वाली फिलिम ’सजना मंगिया सजाई द हमार’ लगातार तिसरको हफ्ता सुपरहिट बनल रहल बावे.
29 जुलाई से कल्लू के एगो अउर फिलिम जवना के नायिका बाड़ी प्रियंका पंडित आ निशा दूबे आ निर्देशक दिनेश यादव रिलीज होखे जात बा. एह फिलिम के नाम ह ‘दीवानगी हद से’. एह फिलिम में अरविन्द अकेला ‘कल्लू’ रोमांटिक आ चाकलेटी लवर ब्वाय के किरदार में बाड़न.
(रामचंद्र यादव)