hw-pakhiसिनेमा भोजपुरी के नं. 1 नायिका पाखी हेगड़े एह साल अपना फिलिमन में अलग अलग तरह के भूमिका में नजर अइहें. ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में एगो कैदी के प्रेमिका बनीहें त महिला प्रधान ‘‘हंटरवाली’’ में एक्शन भूमिका में रहीहें. ‘‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’’ में पाखी के किरदार एगो रोमांटिक लड़िकी के बा.

‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में पाखी निरहुआ संगे त ‘‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’’ में पवन सिंह संगे बाड़ी. एह साल पाखी के दू गो मराठीओ फिलिम ‘गुलाबो’’ आ ‘‘बातमी’’ में दमदार भूमिका बा.

हालही में समाचार चैनल सहारा समय पाखी हेगडे के भोजपुरी के सर्वश्रेष्ठ नायिका बतवले रहल.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

One thought on “अलग-अलग भूमिका में नजर अइहें पाखी हेगड़े”

Comments are closed.

%d bloggers like this: