भोजपुरी सिनेमा संगीत व्यवसाय के नया आयाम देबे वाली म्यूजिक कम्पनी आर्या म्यूजिक ( ए यूनिट ऑफ़ सासपीओ ग्रुप) पिछला दिने साउण्ड स्टेशन के बैनर मे बनल फ़िलिम “अहीर” के पहिला झलक जारी कइलसि.
एह फिलिम में ओमप्रकाश यादव एगो दिलेर एस पी के किरदार निभावत बाड़े जे अपना वर्दी के आन बान शान ला अपना जान के बाजी लगा दे ता. एह एक्शन प्रधान फिलिम के निर्मात्री दीपा यादव आ निर्देशक राम यादव हउवे. सह निर्मात्री निर्मला रमायन यादव आ विभा एस दूबे, संगीतकार राम यादव, गीतकार प्यारेलाल यादव कवि, रमेश यादव, घनश्याम प्रेमी आ मुन्ना मोहित, निर्माण प्रबंधक संजय दूबे अउर रूप सज्जाकार अशोक विश्वकर्मा हउवे.
मुख्य भूमिका में बिरहा सम्राट ओमप्रकाश सिंह यादव, सिम्मी जैस, संजय दूबे अउर दिनेश राय वगैरह बाड़े.
(रामचंद्र यादव)
301 total views, 2 views today