फ़िल्म चुन्नू बाबू सिंगापुरी के प्रदर्शन के बाद चुन्नू सिंगापुरी फ़िल्म प्रोडक्शन हाउस अब भोजपुरी फ़िलिम “इंस्पेक्टर चुन्नू पाण्डेय” बनावे जात बावे.
निर्माता, कथाकार, आ अभिनेता चुन्नू सिंगापुरी के एह फिलिम के निर्देशक बाड़े संजय श्रीवास्तव, पटकथा आ संवाद लेखक चुन्नू सिंगापुरी अउर सूरज द्विवेदी सरस, गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा अउर चुन्नू सिंगापुरी, आ संगीतकार हउवे छोटे बाबा.
नया साल में नया उत्साह से चुन्नू सिंगापुरी एह फिलिम “इंस्पेक्टर चुन्नू पाण्डेय” के शूटिंग शुरू करीहें. प्रोडक्शन हाउस के आफिस देवरिया में खोलल गइल बा. चुन्नू सिंगापुरी एकर मकसद बतवले पूर्वांचल के कलाकारन के मुम्बई भोजपुरी फ़िल्म इंडस्ट्रीज के चोर आ दलालन से बचावल. कहलन कि जे दिल से भोजपुरी के भल चाहत बा ओह लोग के प्यार आ आशीर्वाद चाहीं उनुका.
(रामचंद्र यादव)
(२९ दिसंबर १३)
222 total views, 1 views today