VipinHSinghभोजपुरी सिनेमा के दिन प दिन बढ़त ऊँचाई का साथही नया नया सितारन के आगम जारी बा. अब एही में एगो नया नाम जुड़ल बा विपिन एच सिंह के.

उत्तर प्रदेश के गोंडा के मूल निवासी विपिन एच सिंह अपना अभिनय कौशल के बलबूते आपन मुकाम हासिल करे में कामयाब हो गइल बाड़े. पेशा से हार्ड वेयर-साफ्टवेअर इंजीनियर विपिन सिंह के फ़िल्मी करियर के शुरुआत अयूब खान अभिनीत फ़िलिम “छैला बाबू” से भइल रहे. तब से अबले नाहियो त 32 गो हिंदी आ भोजपुरी म्यूजिक विडियो का अलावे कंगना खनके पिया के अँगना, ई रिश्ता अनमोल बा, नाग नागिन वगैरह फिलिमन में समय समय पर आइल बाड़े विपिन.

विपिन अब बाली पा जी निर्देशित फ़िलिम “गंगा पुत्र” में एगो नकारात्मक किरदार से सिनेमा के रूपहला परदा प आपन मौजूदगी दर्ज करावे वाला बाड़े. एह फिलिम के निर्माता हउवें आर एस दूबे आ मुख्य कलाकार जोड़ी रही पवन सिंह आ मोनालिसा के.

एगो सवाल का जवाब में विपिन एच सिंह कहलन कि “रुपिया त सभे कमाला बाकिर इतिहास त केहुए केहू रचेला.” बतवलन कि अपना बिजनेस के व्यस्तता का बावजूद सिनेमा में हमेशा सक्रीय रहीहें.


(रामचंद्र यादव)

 135 total views,  1 views today

By Editor

%d bloggers like this: