भोजपुरी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ के पहिला झलक देखा दिहल गइल आ जेही देखल सभे पसंद कइल एह लुक के.
‘ई कईसन प्रथा’ अइसन फिलिम ह जे सभके सोचे पर मजबूर कर दी कि हमनी के हिंदुस्तान के गांव कवना ओर ले जात बानी. ‘ई कईसन प्रथा’ के निर्देशक निहाल सिंह आ निर्माता दिलीप वर्मा एकरा के भोजपुरी फिलिम के संस्कार बतावत बाड़ें.
विराज भट्ट, रिंकू घोष, आ बृजेश त्रिपाठी के मुख्य भूमिका वाली ई फिलिम एगो अइसन प्रथा के पर्दाफाश कइले बिया जवन सभके झकझोर करे राख दी. एकर शूटिंग वाराणसी आ जौनपुर में भइल बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
276 total views, 6 views today