e-hamar-haसृष्टि सिने प्रोडक्शन के बैनर तर बनत भोजपुरी फिलिम ‘ई हमार ह’ के सगरी गाना के रिकॉर्डिग पिछला दिने मुम्बई के आर्यन स्टूडियों में कइल गइल.

संगीतकार शरमान-संजय के संगीत निर्देशन में गीतकार अन्नू सिन्हा के रचल गीतन के कल्पना, इन्दु सोनाली, पमिना जैन, आलोक कुमार, मोहन राठौर, बॉबी दत्ता आ मो॰ अजीज के आवाजन में रिकार्ड कइल गइल.

फिलिम के निर्माता शंकर राम आ निर्देशक दीपक पाण्डेय हउवें. मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, आनन्द मोहन, रूपा सिंह, अली खान, अरूण प्रियदर्शी, संजय गौरव आ विवेक ओझा वगैरह बाड़ें.


(रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: