Nihattha
भोजपुरी बॉक्स ऑफिस पर एक्शन से भरपूर फिलिम ‘निहत्था’ धमाल मचावे बदे तइयार बा.

सीमा इंटरटेन्मेंट फिल्म्स के बैनर तले बनल एह फिलिम से भोजपुरी परदा प एक्शन स्टार रतन कुमार के एंट्री होखत बा. रतन राँची के रहे वाला हउवें आ मार्शल आर्ट मे ब्लैक बेल्ट वाला हउवन. एह फिलिम के एक से बढके एक खतरनाक स्टंट रतन खुदे कइले बाड़न.

रतन के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा आ साथे बाड़े स्टार कॉमेडियन मनोज टाईगर, बृजेश त्रिपाठी, प्रिया पाण्डेय, आनंद मोहन, अमित सुर्यवंशी, आ सुमित जिंदल.

निर्माता अंकित जैन, निर्देशक मनोज एस तोमर. कथाकार अंकित जैन, पटकथा-संवाद लेखक दिनेश प्रकाश, संगीतकार मणिशंकर, गीतकार श्याम देहाती.

एह फिलिम के रशेज देखे वाला रतन के एक्शन के तुलना अक्षय कुमार के एक्शन से करत बाड़े. फिलिम जल्दिए रिलीज होखी.


(प्रशांत निशांत)

 208 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: